१४ दिन बाद बिना PCR संक्रमित के घर भेजे के निर्देशन, ओकरा बाद सरकार खर्च ना उठाइ

काठमांडु, १० भादो ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय लक्षण ना भईल या साधारण लक्षण भईल कोरोना संक्रमित के १० दिन में पीसीआर परीक्षण करे के निर्देश देहले बा ।
परीक्षण के नतीजा नेगेटिभ अईला पर होम आइसोलेसन में रहेके हिदायत देत घर वापस भेजे के आ पॉजिटिव अईला पर अउरी चार दिन अस्पताल में राखे के आ चौदहवां ( १४ दिन बाद ) दिने बिना पीसीआर परीक्षण के डिस्चार्ज करे के निर्देशन देहले बा ।
यदि १४ दिन बाद भी अस्पताल में राखला पर सरकार ओकर सुधभरना ना करि मन्त्रालय कहले बा । अनलाइनखबर

