२०१८ के विश्वकप फुटबल फ्रांस जितलख, २०२२ के विश्वकप के मिति भी तोकाइल

146

काठमाडौं, ३१ असाढ़
रसिया में होरहल २०१८ के विश्वकप फुटबल प्रतियोगिता के फ़ाइनल में फ्रान्स क्रोएसिया के पराजित करत विश्वविजेता के उपाधि जितले बा।

फ्रान्स द्वारा फुटबल के सबसे बड़का प्रतियोगिता जितल ई दूसरा बेर हवे । फ्रान्स द्वारा क्रोएसिया ४ के विरुद्ध २ गोल से पराजित भईल रहे ।

एसे पहिले फ्रान्स द्वारा सन् १९९८ के फाईनल में ब्राजिल के पराजित करत पहिलका बेर विश्वकप के उपाधि जितले रहे ।फ्रान्स तिसरा बेर आ क्रोएसिया पहिला बेर विश्वकप फुटबल के फाईनल में पूगल रहे।

काल्हू के फ़ाइनल खेल के १८ वां मिनेट में क्रोएसिया के मारियो मान्डुजकिच द्वारा आत्मघाती गोल करत फ्रान्स के आगड़ी कर देले रहले। ओकर १० मिनेट बाद ही क्रोएासिया के ईभान पेरिसिच द्वारा गोल कईला बाद खेल १ -१ के बराबरी में आईल रहे । ओइसही खेल के ३८वां मिनेट में फ्रान्स के एन्टोनी ग्रिजम्यान द्वारा पेनाल्टी मार्फत गोल करत खेल में २-१ के अग्रता देहले रहे। फ्रान्स खातिर पउल पोग्बा ५९वां आ कयलिन एम्बाप्पे द्वारा ६५वां मिनेट में गोल करत खेल में ४-१ के अग्रता दिलावत फ्रान्स के उपाधि निश्चित कर देहले रहे।

फ्रान्स के गोलकिपर लोरिस द्वारा कईल गईल गल्ती के फाईदा उठावत क्रोएसिया के मारियो मान्डुकिच द्वारा ६९वां मिनेट में क्रोएसिया खातिर दुसरका गोल करत खेल ४-२ के स्थिती मे आगईल रहे। इहे अंक खेल के अन्त तक बरकरार रहला से फ्रान्स २०१८ के विश्वकप जीतेमें सफल भईल।

फिफा २०२२ के मिति तोकाइल

विश्व फुटबल के सर्वोच्च संथा फिफा द्वारा कतार में होखेवाला सन २०२२ के फुटबल विश्वकप के खेल के मिति निर्धारिण कईल गईल बा । फिफा अध्यक्ष गियानी इनफान्टियों द्वारा पत्रकार सम्मेलन करके आगामी विश्वकप के मिति सार्वजनिक कईल गईल रहे ।

प्राय: जून-जुलाई में होत आवत विश्वकप सन २०२२ में कतार में नोभेम्बर २१ से डिसेम्बर १८ तक खेलल जाई । एजेन्सी

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here