२५ लाख रोपेया के लाटरी पर गईल कह के ठगईती करेवाला ४ जने ठग महोतरी आ धनुषा से पकडईले |

76

राजेश अभिराज यादव

लालबंदी , ४ चईत

लालबंदी –  ४ के इन्दलाल चौधरी से लाटरी परगईल बा कह के पईसा मांगेवाला १ जने के महोतरी गौशाला से प्रहरी पकडले बा | महोतरी समसी गाउपलिका -७ के रामजी यादव ठगईति कईला के आरोप मे इलाका प्रहरी कार्यालय गौशाला पकड़लख |

प्रहरी निरीक्षक भोला भट्ट के देहल जानकारी मुताबिक पकडाईल यादव चौधरी के “IMO” मे फोन कर के २५ लाख लाटरी के पईसा पावे खातिर ३५ हजार रोपया भेजे के कहले रहले | फोन करेवाला आदमी महोतरी समसी-७ के रामजी यादव के नाम मे ३५ हजार रोपेया आई एम ई करे ए कहले रहले | लाटरी परल के फोन अईला के बाद चौधरी प्रहरी मे शिकायत कईले रहले |

प्रहरी के सहयोग मे चौधरी के पठावल पईसा महोतरी के गौशाला से निकाले पहुचल यादव पईसा निकालते बखत प्रहरी के फंदा मे परले | पकड़ाईल यादव के आगे के अनुशंधान खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय ललबन्दी भेजल गईल कह के प्रहरी निरीक्षक भट्ट जानकारी करवले | प्रहरी के माने त यादव एकरा से पहिले भी १ लाख ५० हजार रोपेया ठगले बाड़े |

ओइसे ही पोखरा से आई एम ई मार्फत आईल १ लाख ६० हजार रोपेया निकाले आईल समय मे तीन जने के जनकपुर पेठिया बाजार से प्रहरी पकडले बा धनुषा प्रहरी उपरिक्षक चक्रबहादुर सिंह बतवले | इमो मे फोन कर के २५ लाख रोपेया के कर वापत आई एम ई मार्फत पईसा भेज कह के  ठगी करेवाला गिरोह मे से ५ जने पोखरा मे भी पकड़ाईल बाड़े प्रहरी निरीक्षक सिंह बतवले |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here