२९ गो प्रहरी समेत एसएसपी दिवेश लोहनी भी सोना तस्करी काण्ड मे पकड़ईले

145

काठमाण्डू, १९ बईशाख ।

साढ़े ३३ किलो सोना काण्ड मे फंसल महानगरीय अपराध अनुसन्धान महाशाखा के तत्कालीन प्रमुख बरिष्ट उपरीक्षक दिवेश लोहनी आजू पकड़ाईल बाड़े ।

सोना काण्ड के अनुसन्धान करे खातिर गठित समिति लोहनी के बयान लेवे खातिर बोलावले रहे आ मंगर के दिने लोहनी जिल्ला प्रहरी कार्यालय मोरङ मे उपस्थित भईल रहले । बायान के बाद उनका के पकड़े खातिर पकड़ाउ पुर्जी देहल गईल रहे प्रहरी श्रोत जनवले बा ।

सोना काण्ड मे पकड़ाएवाला के संख्या अभी तक २९ पहुचल बा । मोरङ प्रहरी बुध के दिने अउरी फरार रहल प्रतिवादी सहित ६२ जने के बिरुद्ध जिल्ला अदालत मे मुद्दा दर्ता करा रहल बा । लोहनी प्रमुख रहला के समय मे महाशाखा के डिएसपी प्रजित केसी के नेतृत्व मे पहिले गईल टोली के अनुशंधान उपर ही प्रश्न चिन्ह उठला के बाद सोना काण्ड उग्र रूप लेहले रहे । टोली मे रहल डिएसपी केसी, सई बालकृष्ण सञ्जेल समेत एकरा से पहिले ही पकड़ा चुकल बा लोग ।

सोना तस्कर चूड़ामणि उप्रेती “गोरे” के सहयोग करेवाला उर्लाबारी के सनम शाक्य के लाश बरामद भईला के बाद महाशाखा के टोली पकड़ले ब्यक्ति लोग खुदे पीड़ित रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय मोरङ मे बयान देहले रहे लोग । घटना के खोज बिन खातिर सरकार गृहमंत्रालय के सह-सचिव ईश्वर पौडेल के नेतृत्व मे खोजबीन समिति गठन कईले रहे ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here