३० हजार रूपेया लेत लेखापाल साह रँगेहात पकडइले

592

प्रभु यादव । कलेया, असाढ़ २८

बारा जिल्ला के फेटा गांवपालिका के लेखापाल शौरभ कुमार साह के अखतियार के टोली घुस सहित पकडले बा । अखतियार दुरूपयोग अनुसन्धान क्षेत्रिय कार्यालय हेटौंडा से अाइल टोली ३० हजार रूपेया घुस लेत बेर में पकडले बा । डिएसपी दिनेश कुमार धिमिरे के अगुवाइ मे अाइल टोली लेखापाल साह के रँगेहात पकडले बा ।

ग्रामिण सचेतना केन्द्र बरियारपुर फेटा गांवपालिका मे एच अाई भि एडस सम्बन्धी सचेतना मुलक कार्जक्रम मे खर्च भईल रकम के भुक्तान करे खातिर सेवग्राही से कमिशन के माँग कर रहल सूचना के आधार पर उनका के कमिसन लेत बेर ही हेटौड़ा के टोली पकडले रहे । उनका के उक्त घुस लेरहल अवस्था में ही उनकरे कार्यकक्ष से नियन्त्रण में लेके अनुसन्धान कार्य आगा बढ़ावल गईल सहसचिव एवं प्रवक्ता रामेश्वर दंगाल द्वारा आजू जारी कईल विज्ञप्ति में जनावल गईल बा ।

ओने, बारा मे रहल १६ गो स्थानीय निकाय मे से लक्षित वर्ग के सचेतना मुलक कार्जक्रम मे १५ से ६० प्रतिशत कमिसन चलरहल बतावत कलेया उपमहानगरपालीका १ के गौरीशकर यादव जनकारी देत कहनि की ओतना कमिसन लेहल कवनो नाया बात नईखे, बात कमिसन के ना मिलला पर अखतियार से सम्पर्क करके साह के पकडावल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here