५० दिन से लकडाउनके कारण नेपाल मे फंसल २०० भारतीयके भारत भेजल गईल

    341

    वीरगंज, ६ जेठ ।

    नेपालमे लकडाउन शुरू भइलाके बाद वीरगंजमे ५० दिन से फंसल १ सय ९८ गो भारतीय नागरिकके मंगरके दिने भारत सरकारके जिम्मा लगाके भारत भेजल गईल बा । वीरगंजके ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पसके क्वारेंटाइनमे चइत महिना से ही फंसल ९८ जने आ वीरगंजमे रहल आपन रिश्तेदारके घरे फंसल १ सय भारतीय नागरिक लोगके वीरगंजके अलौमे बनल एकीकृत भन्सार जांच चौकी (ICP) सिवान से भारतीय अधिकारीयन जिम्मा लगा के भारत भेंजल गईल पर्सा के शसस्त्र प्रहरी उपरीक्षक दीपेन्द्र कुँवर जानकारी करवले ।

    उ लोग के ले जाए खातिर भारत से आईसीपीमे ७ गो बस आइल रहे । आईसीपीमे वीरगंजमे रहल महावाणिज्य दूतावासके वाणिज्यदूत नितेश कुमारके रोहबरमे भारत बिहारके पूर्वी चंपारण जिल्ला के डीएम सर्वत अशोक कपिलके जिम्मे दे के भेजल गईल शसस्त्र प्रहरी उपरीक्षक कुँवर जानकारी देहले ।  ओह समय पर पर्साके प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की, प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त भी उपस्थित रहली ।

    नेपालमे चइत ११ गाते से लकडाउन शुरू भइलाके बाद नेपालके अनेकन शहरमे रोजगार भा दोसर काम कर रहल भारतीय लोग अपना अपना घरे वापस लौटेके समय वीरगंज चहुंपके फंस गईल रहेलोग । उ लोगके प्रहरी अपना नियन्त्रणमे ले के ठाकुरराम क्याम्पसके क्वारेंटाइनमे रखले रहे ।

    ठाकुररामके क्वारेंटाइनमे रहल ५० दिन तक राखल भारतीय लोग के खाना आ नास्ता के निशुल्क व्यवस्थापन ग्रीनसिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र कईले रहे । अन्नपूर्णापोष्ट

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here