५ महिना के तलब ना देहला के बिरोध में वीरगंज स्थित केडिया डेंटल कॉलेज के स्वस्थ्यकर्मी लोग द्वारा आन्दोलन

284

आस, सावन १६, वीरगंज

वीरगंज में रहल प्रदेश २ के ही एक मात्र डेंटल कॉलेज में कार्यरत स्वस्थ्यकर्मी लोग आन्दोलन शुरू कईले बा । वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नंबर २ भन्सार स्थित एम. बि. केडिया डेंटल कॉलेज के स्वस्थकर्मी लोग के ५ महिना के तलब भुक्तानी ना करे सकला के विरोध में श्रावण १२ गते से ही अनेकन कार्यक्रम करत आ रहल ट्रेड यूनियन एम. बि. केडिया डेंटल कॉलेज एकाई के अध्यक्ष उपेंद्र प्रसाद यादव बतवले बाड़न ।

आपन वीरगंज के संवाददाता से बातचित में विरोध के कार्यक्रम के बारे में बतावत यूनियन के अध्यक्ष यादव कहले की बिगत ५ महिना से तलब भुक्तानी नईखे भइल आ एकरा के लेके कॉलेज के प्रसासन से बारमबार ताकेता कइला पर भी अभिनतक तलब के भुक्तानी सम्बन्धी कवनों किसिम के सुनुवाई नईखे भइल । ओहिसे बाध्य होके प्रेस विज्ञप्ति निकाल के सावन १२ गते से चरणबद्ध आन्दोलन करे के निर्णय भइल आ जब तक भुक्तानी ना होई तब तक आउर कड़ा रूप से विरोध के कार्यक्रम आगा बढ़ावे के भी निर्णय भइल अध्यक्ष यादव बतईले बाड़न ।

यूनियन से आबद्ध स्वस्थ्यकर्मी लोग द्वारा जारी भइल के पहिला चरण में बाह पर करिया पट्टी बान्हेके, पूरा दिन पेन डाउन करेके आ एमर्जन्सि सेवा बाहेक अन्य सेवा बन्द करे के रहल अध्यक्ष यादव बतईले बाड़न ।

कॉलेज के शिक्षक लोग भी आन्दोलन में

ट्रेड यूनियन संबन्धित कॉलेज के स्वथ्यकर्मी लोग के आन्दोलन चलरहल बा त ओने कॉलेज में पठनपठान करावेवाला शिक्षक (फ़ैकल्टि मेम्बर ) लोग भी ई आन्दोलन के समर्थन करत ओह लोग के भी तलब भुक्तानी ना भइला से ओहु लोग भी मार्का में परल बतईले बा लोग ।

बिगत ६/६ महिना के तलब भुक्तानी नईखे होखे सकल आ इहे विषय के लेके पर साल भी अइसने आन्दोलन करे के परल रहे अउरी इहों साल भी उहे स्थिति में आगइल आंदोलित एक शिक्षक बतवले । पर साल भी इहे समय में आन्दोलन कइला के बाद शिक्षक आ कॉलेज प्रसासन बीच श्रम मंत्रालय पर्सा कार्यालय के रोहबार में कैयन बेर सम्झौता भइल रहे माकिर तलब भुक्तानी के समस्या अभिन ले ना सुलझे सकल आ  ई बेर भी पिछिलका औरी नायाँ सम्झौता के मुताबिक श्रम कार्यालय के निर्णय अनुसार हमनी के आगा के कार्यक्रम करे के निर्णय भइल शिक्षक लोग बतइले बा । ६/६ महिना के तलब ना मिलला से शिक्षक से लेके स्वस्थ्यकर्मी लोग सब केहु के दयनीय स्थिति में रहल आंदोलनकारी स्वस्थ्यकर्मी लोग के बतइलख।

सबसे बेसी मार में विद्यार्थी

लगातार हो रहल आन्दोलन से दाँत के डॉक्टर बने के सपना लेके आइल विद्यार्थी लोग सब से बेसी परेसानी में रहल कॉलेज में अध्ययनरत एक विद्यार्थी नाम ना लिखे शर्त पर बताईले । नियमित पढ़ाई ना भइला के चलते पूरा कोर्ष के पढ़ाई नईखे भइल, कोर्ष पूरा ना भइला से विधार्थी लोग भी बहुते दिक्कत में बा । बीस बीस लाख रोपेया तिरके भी पढ़ाई बढ़िया से ना भइला पर पैसा साथे विद्यार्थी के जीवन ही बर्बाद होखे के खतरा रहला से जेतना जल्दी होखे आन्दोलन बन्द होखे आ नियमित रूप से पढ़ाई होखे के विद्यार्थी लोग के एक सूत्रीय मांग बा ।

प्रसासन के जवाब

ओने कॉलेज के प्रमुख प्रससकीय अधिकृत बिनोद गुप्ता कॉलेज के पिछला साल नेपाल मेडिकल काउंसिल से एको सीट ना मिलला से सब से जादा आर्थिक समस्या उत्पन्न भइल बताइले बाड़न । नायाँ विद्यार्थी के भर्ना ना भइला से आर्थिक भार कॉलेज के ही हॉस्पिटल पर आगइल आ सुमुचा आर्थिक भार हॉस्पिटल अकेले उठावे में सक्षम ना रहला से जादा परेसानी बढ़ल ऊ बतवनि । एकरा बाबजूद भी अपना ओर से पूरा प्रयास कर रहल बतावत गुप्ता कॉलेज के चेयरम्यान राजेश केडिया लगायत कॉलेज के शेयरहोल्डर लोग से निरन्तर प्रयास हो रहल बा, जल्दीए समाधान होखे के आश्वासन देहले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here