ढल्केवर–जनकपुर सडक दुर्घटना रोके खातिर ट्राफिक द्वारा टाईम कार्ड लागु भईल

122

राजेश अभिराज यादव जनकपुरधाम फागुन २३ गते

फागुन २१ गते ट्रिपर के ठक्कर से धनुषा मे एक शिक्षक के ज्यान गईल रहे । द्रुतगति मे रहल ज १ क २९३ नम्बर के ट्रिपर के ठक्कर से बटेश्वर गाँवपालिका–२ भूचक्रपुर के राष्ट्रिय प्राथमिक विद्यालय रमौलीटोल के शिक्षक ५० वर्ष के हरिनारायण यादव के घटनास्थल पर ही मृत्यु हो गईल रहे । ढल्केवर से जनकपुर तक अत्यधिक गति मे चलेवाला बेलगाम ट्रिपर चालक लोग के लापरवाही से धनुषा मे सडक दुर्घटना बढ़ गईल जनता के ओरहन बा ।

ट्रिपर से दुर्घटना बढला के बाद एकर विरुद्ध मे ट्राफिक प्रहरी खडा उत्ररल बा। अब जाके जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय धनुषा द्वारा बेलगाम ट्रिपर के चालक लोग पर लगाम स्वरुप टाईम कार्ड लागु कईले बा ।

मंगर से जनकपुर ढल्केवर सडकखण्ड पर चलेवाला ट्रिपर सबपर प्रहरी द्वारा कडा नजर राखल जाता । ओह लोग के तरफ से ट्रिपर पर गति नियन्त्रण करे खातिर टाईम कार्ड से तय करेवाला दुरी तोकल गईल बा ।

ढल्केवर–जनकपुर सडक खण्डस्थित मुजेलिया मे ट्राफिक प्रहरी द्वारा टाईम कार्ड लागु करे खातिर डेस्क स्थापना भईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा के एसपी चक्रबहादुर सिंह द्वारा ट्रिपरचालक के टाईम कार्ड देके ई नियम कार्यान्वयन मे ल्यावल गईल रहे ।

ट्राफिक प्रहरी द्वारा ट्रिपर के गति नियन्त्रण करे खातिर नयाँ निमय अनुसार अबसे खाली ट्रिपर जनकपुर से ढल्केवर जाए भा आए बेर एक तरफ से एक घण्टा मात्र लगावे के तोकल गईल बा । ओईसही निर्माण सामग्री लोड भइल ट्रिपर एकतरफा आवे भा जाए खातिर डेढ घण्टा समय लागे के चाही धनुषा के ट्राफिक प्रहरी प्रमुख हरिनन्दन चौधरी बतवनी ।

‘यदि तोकल समय से पहिलही ट्रिपर जनकपुर अथवा ढल्केवर पुगे खातिर तिव्रगति मे गाडी चलईलख लोग त हद तक कार्वाही करेम सन,’ ट्राफिक प्रहरी प्रमुख चौधरीले कहनी ‘ यदि बिच रास्ता मे अत्यधिक तेजी से ट्रिपर चलावत बा लोग त हमनी के खबर करी, हमनी कार्यवाही करेम सन ।’ ई नियम विहान के ६ बजे से रात के ९ बजे तक लागु होई उहाँ के जानकारी देहनी ।

ट्रिपर चालक लोग के मालिक द्वारा समयानुसार के मासिक तलब ना देके टिपपिच्छे प्रति टिप ५ सय भत्ता देवेला लोग । तलब कम होखल आ घरपरिवार के पोसे के बाध्यता के करते जादा से जादा टिप लगाके अधिक भत्ता कमाए के चक्कर मे रहेला लोग । जेकरा कारण द्रुत गति मे उ ट्रिपरचालक लोग गाड़ी के  तेजी से चलावे के चक्कर मे बहुते के जान लेहत आईल बा लोग। अत्यधिक तेजी से ट्रिपर चलावला पर सडक दुर्घटना होके मानवीय क्षति बढला के बाद सर्वसाधारण चिन्तित बनल बा लोग । रास्ता मे चलेवाला बटुवा, साईकल चालक, मोटरसाईकल चालक लगायत छोट सवारीसाधन तक के गन्तव्य तक पहुचे मे समस्या आ रहल बा । टाईम कार्ड के लागु भइला पर सडक यात्रा सहज होई सर्वसाधारण के विश्वास बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here