जनकपुर मे दिदीबहिन लटकल अवस्था मे मिलल

236

राजेश अभिराज यादव फागुन २३

जनकपुर मे दु गो दिदीबहिन लटकल अवस्था मे मिलल बा लोग। जनकपुर उपमहानगरपालिका १४ रजौल के रहनियार नरेन्द्र चौधरी के बेटी लोग १६ वर्षीया अञ्जली चौधरी आ १४ वर्षीया चाँदनी चौधरी के लटकला से जान गईल परिवार द्वारा जनावल गईल बा ।

धनुषा के प्रहरी नायव उपरीक्षक प्रविन धिताल के मुताबिक बुध के दिनके समय २ बजे घर मे कोई ना रहल मौका देखके दुनु दिदीबहिन अलग अलग कोठरी मे लटकल अचेत अवस्था मे मिलल घरपरिवार सहित स्थानीय द्वारा तुरुन्ते उपचार खातिर लेजात बेर रास्ते मे ही जान गईल घरपरिवार द्वारा जानकारी करावल गईल बा ।

घटना हत्या हवे की आत्महत्या ओकर  विषय मे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायव उपरीक्षक धिताल द्वारा जानकारी देहल गईल बा । दुनु  दिदीबहिन के शव के पोष्टमार्टम खातिर जनकपुर अञ्चल अस्पताल मे राखल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here