गढ़ीमाई मन्दिर के मूल पुजारी के मृत्यु

बारा, ०५ भादो ।
बारा के महागढीमाई नगरपालिकास्थित गढीमाई मन्दिर के मूल पूजारी के मृत्यु भईल बा । बली खातिर विश्व प्रसिद्ध गढीमाई मन्दिर के मूल पूजारी रौतहट गजरा नपा–३ सिमरी गावं के ७६ वर्षीय दुखन धामी के मृत्यु भईल बा ।
दु दिन से पेट झर रहल धामी के निजगढ में इलाज ना होखे सकला पर उनका के भरतपुर ले जात समय रास्ते मे ही मृत्यु भईल स्थानीय समाजसेवी अन्तरे लामा जानकारी करवले । मृतक धामी के आजुवे सिमरी गावं के नदी किनार में अन्तिम दाह संस्कार होइ समाजसेवी लामा बतवले ।
गढीमाई मन्दिर बारा में भईला पर भी रौतहट गुजरा–३ सिमरी गावं के दुखन धामी के पूर्वज मूलपूजारी रहत आईल बा लोग उनका परिवारलोग के कहनाम बा । नेपलपोस्ट डेली

