भिस्वा के गरिब महिला सब के क्षमता बिकास खातिर जनचेतना तालिम

    129

    पर्सा, १३ चैत /
    छिपहरमाई गावंपालिका के वडा नं. ५, भिस्वा मे आजु से ३ दिने महिला सब के क्षमता बिकास तालिम सुरु भइल बम । छिपहरमाई गावंपालिका के सहयोग मे आ सम्भौता सामुदायिक सिकाई केन्द्र के आयोजना मे महिला सब के क्षमता बिकास तथा जनचेतना तालिम सुरु भइल ह । श्री ने.रा. आधारभुत बिद्यालय भिस्वा मे होरहल तालिम के उदघाटन छिपहरमाई गावंपालिका के सामाजिक शाखा प्रमुख प्रदिप गुप्ता कइले रलन ।

    शिक्षक अशानन्द साह के अध्यक्षता मे भइल तालिम के उदघाटन सत्र मे आयोजक संस्था के पप्पु साह, मनोज यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे । तालिम मे प्रशिक्षक बिजय कुमार साह आ शम्भु पंडित से प्रशिक्षण देवल जारहल बा । तालिम मे वडा अन्तर्गत के गरिब, दलित, विपन्न परिवार के २२ गो महिला सब के सहभागिता रहल आयोजक से जनावल गइल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here