The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पोखरिया नपा के सहजोग मे ४० जने लइकीयन के बाँटल गइल साइकिल

लालबाबु बानिया/पोखरिया ०६ फागुन, पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के वार्ड नं. ३, बसन्तपुर मे सोमार के दिने एगो कार्जक्रम के बिच ४० जने लइकीलोग के निःशुल्क साईकल वितरण कइल गइल बा । नगर प्रमुख दिपनारायण रौनियार के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल वार्ड अन्तर्गत के कक्षा […]

पोखरिया में ऐगो दैनिक के विमोचन; भोजपुरिया गढ़ मे भी हिन्दीए मे भईल सम्बोधन

वीरगंज,  ०५ फागुन, पर्सा जिल्ला के ग्रामिण क्षेत्र से पहिलका बेर मध्य प्रदेश दैनिक पत्रिका के आजु एगो समारोह के बिच विमोचन भइल बा । पर्सा जिल्ला के दुसरका सदरमुकाम के रुप मे परिचित पोखरिया के हनुमान मन्दिर परिसर मे आजु एगो समारोह के बिच प्रदेश नं. २ के भौतिक पूर्वाधार तथा यातायात मन्त्री जितेन्द्र […]

कानु हलुवाई कान्दु मध्यदेशीय समाज के सात वाँ केन्द्रिय बइठक पुरा

वीरगंज ०३ फागुन, कानु हलुवाई कान्दु मध्यदेशीय समाज नेपाल केन्द्रिय तदर्थ कार्य समिति के राष्ट्रिय एकता अभियान एवं सात वाँ केन्द्रिय बइठक वीरगंज में पुरा भइल बा । वीरगंज के नगरसभा गृह में शुक के दिने भइल कार्जक्रम में प्रमुख अतिथि समाज के राष्ट्रिय अध्यक्ष आर.वी. साह हमनी के स्वजातीयसब में कानु, हलुवाई, कान्दु, अनेकन […]

गण्डक नहर के संरचना जीर्ण : कउनो भी समय दुर्घटना हो सकता

वीरगंज ०३ फागुन, गण्डक नहर के संरचना पुराना आ जीर्ण भइला से कउनो भी समय भसक सके के सम्भावना रहल बा । करीब ४५ बरीस पहिले बनल गण्डक नहर में रहल पुल, कलभर्ड तथा संरचना के जरुरी मर्मत सम्भार होखे ना सकला से उ संरचना जीर्ण बनत गइल बा । प्रदेश नं २ के पर्सा, […]

गुपचुप लास जरा रहल समय पुलीस पकडलख

 आस, वीरगंज २८ माघ, पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नम्बर ५ बिरन्ची वर्वा से गुपचुप तरिका से लास के जरावे लागल अवस्था मे पुलीस पकड के पोष्टमार्टम के खातिर पठइले बा । जहर खाके मृत्यु भइल बीरन्चीवर्वा निवासी असर्फी महरा चमार के लास के दाहसंस्कार करे के खोजला पर पुलीस समसान घाट से लास हिरासत […]

सरस्वती पूजा के उदेश्य : अज्ञानता दुर करत सतज्ञान

विद्या के मतलब सतज्ञान ह । अर्थात जीवन के सार्थक बनावेवाला ज्ञान । ओहिसे जिनगी के हर क्षेत्र में सफलता पावे आ जीवन के उदेश्य पूर्ण बनावे खातिर सतज्ञान के जरुरत होला । खाली पढलिख के शिक्षित भईल मात्र आ डिग्री प्राप्त करत विद्धान बनत बडका–बडका पद में आसिन होत धन सम्पत्ति आर्जन खातिर पढाई […]

लंगडी स्वास्थ्य चौकी में ३५२ जने के आँच चेकजाँच भइल

लालबाबु बानिया पोखरिया २६ माघ पर्सा जिल्ला के धोबनी गाँवपालिका वार्ड नं ४ लंगडी स्वास्थ्य चौकी में आजु जेष्ठ नागरिक के सम्मान में निःशुल्क आंख शिविर पुरा भइल बा । आंख चेकजाँच शिविर में ३५२ जने के चेकजाँच कइला में १४२ जने में मोतियाबिन्दु बेमारी मिलल रहे । धोबनी गाँवपालिका के सहजोग आ सुनौलो नेपाल […]

छिपहरमाइ गांवपालिका आ जयमंगलापुर खुल्ला पैखाना मुक्त घोषणा

लालबाबु बानिया पोखरिया २५ माघ, पर्सा जिल्ला के छिपहरमाइ गांवपालिका आ वार्ड नं. ३ जयमंगलापुर के शुक के एगो समारोह के बिच पुर्ण सरसफाई उन्मुख आ खुल्ला पैखाना मुक्त क्षेत्र घोषणा कईल गईल। कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभापति नेकमहमद मिया साबुन पानी से हाथ धोके आ घोषणा पत्र पढ के […]

पर्सा मे हुलाकी राजमार्ग अन्तर्गत कालिका बानियाँ जेभि के काम तेज, पप्पु सुस्त

मेघराज राय जिराभवानी । २५ माघ, भारत के सहजोग मे बन रहल हुलाकी राजमार्ग के काम अन्र्तगत पर्सा मे कालिका बानिया जेभी के काम तेजी से हो रहल बा । हुलाकी राजमार्ग पूर्व से पश्चिम तक १ हजार सात सय ९२ किलोमिटर लम्हर हुलाकी सडक बनावे के योजना बा । एहितरे कालिका बानिया जेभी जिराभवानी […]

मुर्ती बनावेवाला माटी के कमी भइला से सरस्वती माता के मूर्ति बनावे मे समस्या

वीरगंज २५ माघ, नियरात गइल सरस्वती पूजा के खातिर मूर्ति बनावे खातिर माटी के कमी भइला से पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–९ के कालिगड शिवचन्द्र महतो ई बेर सोंचल जइसन व्यापार ना भइला से चिन्ता बढल बा । वितल चार बरीस से मूर्ति बना के गुजारा चलावत आइल महतो मांग बहुते भइला पर भी मूर्ति बनावेवाला […]

दुसरका पर्सागढी गोल्डकप के उदघाटन खेल में लालबन्दी ११ सर्लाही विजयी

वीरगंज २४ माघ, आमोदेबी स्पोर्टस क्लब के आयोजना में पर्सा के बढनिहार में बियफ़े से सुरु भइल दुसरका पर्सागढी गोल्डकप के उदघाटन खेल में लालबन्दी ११ सर्लाही बिजयी भइल बा । हेटौँडा फुटबल एकेडेमी के टाईब्रेकर में ४–१ से हरावत सर्लाही जितल बा । सुरुवाती समय से ही बहुते रोमाञ्चक देखल गइल खेल के तोकल […]

बिरञ्चीवर्वा मे चर्मरोग सम्बन्धि शिविर

पोखरिया २४ माघ, पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका के बिरञ्चीवर्वा स्वास्थ्य चौकी में बियफ़े के चर्मरोग (छाला) सम्बन्धि एक दिने शिबिर पुरा भइल । शिविर के उदेश्य कुष्टरोगी के पत्ता लगावे के आ चामडा सम्बन्धि बेमारी के नियन्त्रण करेके रहल शिविर में सहभागी डा. रामाकान्त जयसवाल बतवनी । २०२० में दस हजार संख्या में एक […]

अश्वमेध गायत्री महायज्ञ के सफल बनावे खातिर प्रचार प्रसार तेज

वीरगंज २४ माघ, वीरगंज में होखे लागल अश्वमेंध गायत्री महायज्ञ के सफल बनावे खातिर महानगर के वार्ड तथा टोल–टोल में प्रचार प्रसार कार्जक्रम तेजी से कईल जा रहल बा । अखिल विश्व गायत्री परिवार, वेदमाता गायत्री शक्ति पीठ वीरगंज महानगर के छपैयाक, रानीघाट आ व्रहमचोक में दिप ज्ञप, प्रभात फेरी आ गोष्ठी के आयोजना कइल […]

पुलीस प्रशासन के अकेले के प्रयास से समाज में रहल कुरिती हटे ना सकि : प्रउ ढकाल

आस, पोखरिया २४ माघ, पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक रेवती ढकाल लागू औषध सेवन के चलते हरेक दिन जनानी हिंसा बढ रहल आ पुलीस प्रशासन के अकेले के प्रयास से मात्र समाज में रहल कुरिती हटावेना सकेके बतवले बानी । समुदाय के अशिक्षित जनतालोग में रहल विकृति, विसंगती तथा कुरिती से मुक्त करावे खातिर स्थानीय स्तर […]

प्रदेश नं. २ के सभी स्थानीय तह मे प्राविधिक शिक्षा पढाई होखी : मुख्यमन्त्री राउत

बर्दिवास, २३ माघ । प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत आवेवाला आर्थिक बरीस भितर हरेक पालिका मे एगो प्राविधिक स्कूल खोलेके बतवले बानी । प्याब्सन प्रदेश २ के दुसरका अधिवेशन के बुध के दिने महोत्तरी के बर्दिवास मे उदघाटन करत मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश २ के प्राविधिक शिक्षा के हब बनावे के योजना मुताविक हरेक पालिका […]

पर्सा के लंगडी में मलेसिया से बाकस में आईल लास

वीरगंज २२ माघ, नेपाल में नोकरी मिलल सहज ना भइला के चलते नेपाली नागरिक हरेक दिन सैकड़ो के संख्या में खाड़ी देश लगायत विदेश जाए प बाध्य बाड़न । विदेश में जाके नेपाली नागरिक आपन घर परिवार चला त रहल बाड़न माकिर उहाँ सुरक्षा आ जनधन के कउनो ग्यारेन्टी ना भइला के चलते हरेक दिन […]

प्रसौनी गा.पा. – ३ नौतन मे निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर पूरा

वीरगंज २२ माघ, बारा जिल्ला के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.–३ नौतन में निःशुल्क आँख चेकजाँच शिविर पुरा भइल बा । वार्ड समिति के आयोजना आ किरण आँखा अस्पताल वीरगंज के सहजोग में आयोजना कइल शिविर में २७५ जने के आँख चेकजाँच कइला में ७५ जने में मोतियाबिन्दु मिलल शिविर में सहभागी अस्पताल के डाक्टर बन्दना […]

समय पर काम पूरा ना करेवाला निर्माण कम्पनीसब के जिल्ला प्रशासन द्वारा तथ्याङ्क राखल सुरू

वीरगंज २२ माघ, जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा विकास के काम के जिम्मेवारी लेके काम ना करेवाला निर्माण कम्पनीसब के लगत राखल सुरु कइले बा । निर्माणाधीन विकासे आयोजनासब के काम पुरा करेके सम्झौता के समय ओरइला पर भी काम पुरा ना करेवाला निर्माण कम्पनीसब के लगत राखेके काम सुरु कइले बा । पोखरीया नगरपालिका, पूर्वाधार […]

परिणात्मक बन्देज के चलते २४ हजार ४५ मेट्रिक टन चिनी भन्सार मे रुकल

वीरगंज २१ माघ, साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेशन से लिआवल करीब रु १३ करोड मूल्य बराबर के २४ हजार ४५ मेंट्रिक टन भारतीय चिनी सुख्खा बन्दरगाह के गोदाम में अडकल बा । सरकार चिनी आयात में परिणात्मक बन्देज (कोटा सिस्टम) लगइला के बाद कर्पोरेशन से लिआवल उ परिणाम के भारतीय चिनी गोदाम में अडकल बा । परिणात्मक […]

महुवन मे समुदाय प्रहरी साझेदारी कार्जक्रम अन्तर्गत सिकाइत सुनवाई

पोखरिया २० माघ, पर्सा जिल्ला के साखुवा प्रसौनी गा.पा. वार्ड नं. ५ महुवन बजार मे समुदाय प्रहरी साझेदारी कार्जक्रम अन्तर्गत सिकाइत सुनवाई कार्जक्रम पुरा भइल बा । गा.पा. स्तरीय सामुदायिक प्रहरी साझेदारी समिति के अध्यक्ष एवं गा. पा. अध्यक्ष प्रदीप कुमार जैसवाल के अध्यक्षता मे भइल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जिल्ला प्रसासन कार्यालय पर्सा के […]