The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पर्सा मे १ जने सहित प्रदेश २ मे बढ़ल ११५ कोरोना संक्रमित

वीरगंज, २१ आषाढ़ । पिछला २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे ११५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । सामाजिक विकास मंत्रालय के हिसाब से प्रदेश २ मे १४ जने महिला आ १०१ जने पुरुष मिला के कुल ११५ जने मे एतवार के कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । संक्रमित होखे मे धनुषा के […]

बिना मास्क के कलेया मे घूम रहल १७५ जने करवाही मे परल लोग

कलेया, २१ आषाढ़ । बारा मे लकडाउन उलंघन करेवाला १७५ जने प्रहरी के कारवाही मे परल बा लोग । कोरोना वायरस के संक्रमण के समय मे बिना मास्क लगवले घुमत लोग के जुर्माना कईल गइल प्रहरी जानकारी करवले । लकडाउन उलंघन अन्तर्गत मास्क बिना लगवले घूमेवाला, दोकान खोलेवाला ४७ जने के कलेया मे १०० रोपेया […]

जगरनाथपुर मे जिल्ला स्तरीय रंगशाला निर्माण हो रहल

  वीरगंज, २१ आषाढ़ । पर्सा के जगरनाथपुर गांवपालिका के वाड नम्बर ४ जगरनाथपुर मे जिल्ला स्तरीय रंगशाला निर्माण हो रहल बा । गांवपालिका से संघ सरकार के युवा तथा खेलकूद मंत्रालय के ५० लाख रोपेया के लागत मे रंगशाला निर्माण हो रहल गांवपालिका अध्यक्ष जालिम मिया जानकारी करवले । ५ बिगहा क्षेत्रफल भइल सार्वजनिक […]

ओली आ प्रचण्ड बीच बतकही : सहमति खोजे पर दुनु पक्ष सहमत

काठमाण्डू, आषाढ़ । नेकपा अध्यक्ष केपी शर्मा ओली आ प्रचण्ड विच पार्टी एकता के बचावते सहमति के आधार खोजे के सहमति भइल बा । सोमवार के सबेरे स्थायी कमिटी के बैठक बइठे से पहिले दुनु अध्यक्ष बीच फेरु बतकही करे के सहमति भइल बा । एतवार के दिन मे प्रधानमन्त्री निवास वालुवाटार मे प्रधानमन्त्री एवं […]

परिवार के जान से मारे के धम्की देत नवालिक के साथे बारम्बार बलात्कार

काठमाण्डू, २१ आषाढ़ । काठमाण्डू के बनियाटार के १२ आ १४ साल के लड़की के बलात्कार करे के आरोप मे एक जने के प्रहरी पकडले बा । पकड़ाएमे अपने आपके के विश्व हिन्दू महासंघ के पदाधिकारी आ यूट्यूबर बतावे वाला अर्जुन शिवाकोटी बाड़े । उ पीड़ित लड़की के परिवार के हत्या करे के धम्की दे […]

प्रधानमन्त्री ओली के समर्थन मे वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज, २० आषाढ़ । नेकपा मे हो रहल आन्तरिक विवाद खतम कर के पार्टी एकता के आगा सदृढ़ करे के मांग करत वीरगंज मे शनिचर के दिने प्रदर्शन भइल बा । स्वतंत्र युवा समूह नाम के ब्यानर मे कईल गईल प्रदर्शन मे नेकपा युवा नेता लोग सहभागी भइल रहे । वर्तमान सारकार के प्रमुख प्रधानमन्त्री […]

सांसद यादव करवले वीरगंज-रक्सौल मितेरी पुल के मरमत, सरकार वेवस्ता कइलख के आरोप

वीरगंज, २० आषाढ़ । प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदीप यादव आपन सेवा सुबिधा के रकम से वीरगंज-रक्सौल के जोड़ेवाला जरजर बनल पुल के मरमत करवले बाड़े । पर्सा क्षेत्र नम्बर १ से निर्वाचित प्रतिनिधिसभा सदस्य यादव सांसद वापत मिलेवाला तलब भत्ता के रकम प्रयोग कर के सीमावर्ती भारतीय शहर रक्सौल के जोड़ेवाला वीरगंज रक्सौल मितेरी पुल […]

भुलाईल मधेसी शहीद आ शोसक वर्ग द्वरा लुकावल गइल इतिहास

– अशोक कुशवाहा न्याय खोजे खातिर दिने मे पेट्रोमैक्स जरा के, आपन मुड़ी पर राख़ के भारत के संसद भवन आगाड़ी भुलाईल न्याय खोज रहल समय मे भारतीय नेता आचार्या कृपलानी आ अनेकन सांसदलोग पुछले लोग, यी तू का कर रहल बाड़ ? रघुनाथ ठाकुर के जबाब रहे : Justice is Lost or vanished from […]

विदेश से नेपाली के वापसी, शुक के दिने ११ गो हवाई जहाज उड़ल-उतरल

काठमाण्डू, १९ आषाढ़ । शुक के दिने त्रिभुवन अंतराष्ट्रीय विमान स्थल मे कूल्ह ११ गो हवाई जहाज उतरल । कोरोना वायरस के संक्रमण के बाद विदेश मे फंसल नेपाली लोग के घरे लियावे के अभियान जारी बा । एही काम ए शुक के दिने अनेकन ६ जगह से जहाज काठमाण्डू मे उतरल बा । यी […]

गिरजा प्रसाद कोइराला फाउंडेशन स्व. कोइराला के जन्म जयन्ति के अवसर पर बृक्षारोपण

वीरगंज, १९ आषाढ़ । पर्सा गणतन्त्र नेपाल के पहिलका प्रधानमन्त्री एवम नेपाली कांग्रेस पार्टी के पूर्व सभापति स्व. गिरिजा प्रसाद कोइराला के ९६ वा जन्म जयन्ती के अवसर पर आज बृक्षारोपण कईल गईल । फाउंडेशन पर्सा अनेकन प्रजाति के २ सय ४३ गो बृक्ष रोपेले बा जानकारी करवलख । फाउंडेशन आम, लीची, कटहर, नीम समेत […]

इट्टा भट्टा मे जियते आदमी के जरावे के घटना मे एक जने अउरी प्रहरी के फन्दा मे

काठमाण्डू, १८ आषाढ़ । रौतहट इट्टा उधोग मे जियते आदमी के जरावल १३ साल पहिले के घटना मे सामील आरोप मे प्रहरी एक जने के पकडले बा । राजपुर नगरपालिका वाड ६ के ३४ साल के शेष सरोज (शेष सराज) के बियफे के दिने बारा के सिमरौनगढ़ नगरपालिका के नेपाल भारत सिवान क्षेत्र से पकडल […]

भुलाइल भा चोरी भइल मोबाइल पर्सा प्रहरी खोज के मोबाइल धनी के हस्तांत्रण कइलख

वीरगंज, १८ आषाढ़ । वीरगंज महानगरपालिका समेत अनेकन स्थान से अनेकन समय मे भुलाइल आ चोरी भइल मोबाइल वीरगंज प्रहरी मोबाइल धनी के वियफे के हस्तांत्रण कईले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे देहल गइल मोबाइल भुलाइल सम्बन्धी के निवेदन ऊपर अनुसंधान करत खोज तलास कर के अनेकन कम्पनी के १८ गो मोबाइल सम्बन्धी […]

PM ओली के युवा समर्थक द्वारा काठमाण्डू के सड़क पर समर्थन जुलूस

वीरगंज, १८ आषाढ़ । नेकपा पार्टी भीतर आन्तरिक विवाद बढ़रहल समय कुछ युवा लोग बियफे के दिने राजधानी मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के समर्थन मे जुलूस निकलले बा लोग । युवालोग प्रधानमन्त्री ओली देश आ जनता के पक्ष मे बढ़िया कम कर रहल क़हत उनका समर्थन मे जुलूस निकलले बा लोग । राजधानी के […]

नागरिकता विधेयक के विरोध मे आन्दोलन बेकार, ओली सरकार के कोई ना हिलावे सकी – गुप्ता

वीरगंज, १८ आषाढ़ । संविधान सभा के सदस्य आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी पर्सा के नेता राजकुमार गुप्ता नागरिकता विधेयक मे वैवाहिक अंगीकृत के सवाल मे कईल गइल व्यवस्था राष्ट्रहित के पक्ष मे रहल बतवले बाड़े । एगो एफ़एम के समय सन्दर्भ कार्यक्रम मे बोलत नेता गुप्ता आम नेपाली जनता के हित मे काम कर रहल […]

कोरोना संक्रमित ४७३ जने अउरी बढ़ल, काठमाण्डू जिल्ला से २७ जने

काठमाण्डू, १८ आषाढ़ । बियफे के दिने ४ सय ७३ जने मे अउरी कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । संक्रमित मे से २८ जने काठमाण्डू जिल्ला से बा लोग स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मंत्रालय जानकारी देहले बा । काठमाण्डू जिल्ला से १७ महिला आ ११ जने पुरुष मे संक्रमण के पुष्टि भइल बा । बियफे के […]

ताड़का (चटयांग) से बारा मे ४ जने के मृत्यु ७ घायल

वीरगंज, १८ आषाढ़ । बारा मे बियफे के सबेरे ताड़का (चटयांग) से चार जने के मृत्यु भइल बा आ सात जने घायल भइल बा लोग । धान रोपे खेत मे गईल बारा केलया उपमहानगरपालिका वाड नम्बर १२ के ३५ साल के आशा देवी आ ४५ साल के अलीमा खातून के मृत्यु भइल बारा प्रहरी नायब […]

कोरोना संक्रमण से डेढ़ बरिस के बच्चा के मृत्यु

काठमाण्डू, १८ आषाढ़ । कोरोना संक्रामण से डेढ़ महिना के बच्चा के इलाज के क्रम मे मृत्यु भइल बा । त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे घेंट मे समस्या देखला के बाद इलाज खातिर भर्ना भइल उनकर आपरेशन से पहिले परीक्षण कईला पर मंगर के दिने कोरोना संक्रामण के पुष्टि भइल रहे । उ बच्चा के बुध […]

जगरनाथपुर गांवपालिका मे ग्यास लीक हो के भइल आगलागी मे एक के मृत्यु २ जने घायल

पोखरिया, १८ आषाढ़ । पर्सा के जगरनाथपुर गांवपालिका वाड नम्बर २  दसौता मे राति खाना पका रहल अवस्था मे ग्यास सिलिन्डर ली हो के भइल आगलगी मे एक जने के इलाज करत बेरा मृत्यु भइल बा आ २ जने घायल बा लोग । मृत्यु होखे मे ७० साल के सारदा देवी रहल बाड़ी । घायल […]

छिपहरमाई मे फंसरी लगा के लटकल एगो १८ साल के लड़की के लाश मिलल

 वीरगंज, १७ आषाढ़ । पर्सा के छिपहरमाई गांवपालिका मे फंसरी लगा के लटकल अवस्था मे एगो लड़की के मृत शरीर मिलल बा । छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ४ नवका टोला निवासी सम्भू महतो केवट के १८ साल के बेटी के मृत शरीर फंसरी लगा के लटकल अवस्था मे मिलल बा पर्सा प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम […]

प्रदेश नम्बर २ के संचार विधेयक पत्रकार लोग जरवलख

जनकपुरधाम, १७ आषाढ़ । प्रदेश नम्बर २ मे बितल शनिचर के पारित भइल संचार विधेयक निरंकुश शैली के क़हत जनकपुर के पत्रकारवर्ग विधेयक के जरवले बा लोग । पत्रकार के ही जुर्माना लगावे के आ संचारसम्बन्धी उपकरण जफत करे के लिखल विधेयक के पारित कईल गइल क़हत पत्रकारलोग जनक चउक पर धर्ना देत विधेयक जरवले […]