The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

आतंकी हमला के विरोध में भारत के अनेक जगहन में पाकिस्तान के ख़िलाफ़ प्रदर्शन

वीरगंज, फागुन ०३ । भारत के जम्मू-कश्मीर के पुलवामा के अवंतीपुरा में काल्ह भईल आतंकी हमला के विरोध में आजू भारत भर में अनेक जगहन में रोड जाम कके पाकिस्तान के ख़िलाफ़ नारा लागल । भारत के राष्ट्रीय राजमार्ग-२८ में लगभग दसन जगह टायर जराके पाकिस्तान के ख़िलाफ़ कड़ा कारवाई करे खातिर दबाव बनावल गईल । […]

भारी संख्या में उमड़ल श्रद्धालुयन के बीच गायत्री शक्तिपीठ वीरगंज द्वारा दीप यज्ञ के आयोजन

वीरगंज, माघ १७ । वीरगंज के वार्ड न. ८ में रेल्वे रोड स्थित रात्रि माध्यमिक विद्यालय में आजू गायत्री शक्तिपीठ वीरगंज द्वारा दीप यज्ञ के आयोजन कईल गईल। भारी संख्या में उमड़ल श्रद्धालुयन के बीच माँ गायत्री के मंत्र उच्चारण से दीप यज्ञ के आरम्भ भईल। बता दीं कि नेपाल के इतिहास में पहिला बेर […]

रक्सौल के रेलवे ढाला पर ओभर ब्रिज के शिलान्यास आजू, लोगन में ख़ुशलहरी

वीरगंज, माघ १४। वीरगंज-रक्सउल के लाइफ़लाइन रक्सउल के चिर प्रतीक्षित तैतीस नंबर रेलवे ढाला पर लाइट ओभर ब्रिज के शिलान्यास आजू माघ १४ गते (28 जनवरी) के स्थानीय सांसद डॉ0 संजय जायसवाल आ रेलवे के पदाधिकारी संयुक्त रुप से करी लोग। उक्त जानकारी सांसद प्रतिनिधि प्रो0 डॉ0 अनिल कुमार सिन्हा ,राज किशोर राय ,इंजीनियर जितेंद्र […]

वीरगंज में मनल विश्व हिंदी दिवस

वीरगंज, पूस २७ भारतीय महावाणिज्य दूतावास द्वारा भिष्वा होटेल, वीरगंज में बियफे के विश्व हिंदी दिवस मनावल गईल। अन्तर्राष्ट्रीय स्तर प हिंदी के प्रचार-प्रसार तथा अप्रवासी भारतीय लोग के भारतीय सभ्यता-संस्कृति से जोड़ें खातिर १० जनवरी के दिन हर साल संसार भर में रहल भारतीय दूतावास आ महावाणिज्य दूतावास में विश्व हिंदी दिवस मनावल जाला। […]

देखि स्थानीय कलाकार अली आ महतो के वॉटर कलर चित्रकला के अद्भुत नजारा (फोटो फीचर )

आस, वीरगंज, पूस २३ गते इंटर्नैशनल वाटर कलर, सोसायटी, वीरगंज प्रदेश -२ के द्वारा हरेक सनिचर के दिन होखेवाला वाटर कलर चित्रकला कार्यक्रम वीरगंज के घड़ीअर्वा पोखरी में सम्पन्न भईल। वाटर कलर चित्रकला के प्रति आम जनमानस में जागरूकता फईलावे के उद्देश्य से वीरगंज में पछिलका ४ हफ़्ता से हरेक सनिचर के दिन वीरगंज के […]

प्रदेश-२ में मेगाप्रोजेक्ट के रूप में कैंसर अस्पताल खोले सम्बन्धि विचार-विमर्श कार्यक्रम वीरगंज में…

वीरगंज, पूस १५ “स्वास्थ्य ही धन बा। स्वास्थ्य बिना कवनो सृजनात्मक काम नईखे हो सकत।” ईहे सोचके साथे २०७५ पूस १४ गते सनिचर के दिन नेपाल के प्रवेश द्वार आ आर्थिक राजधानी वीरगंज में वीरगंज महानगरपालिका के सभा कक्ष में प्रदेश-२ में “कैंसर अस्पताल स्थापना सम्भाव्यता अध्ययन टोली” द्वारा ज़िला स्तरीय विचार-विमर्श तथा सुझाव संकलन […]

पानीरंग चित्रकला कार्यक्रम सम्पन्न भईल वीरगंज के भिष्वा पहाड़ प

वीरगंज, पूस १५ गते इंटर्नैशनल वाटर कलर, सोसायटी, वीरगंज प्रदेश -२ के द्वारा हरेक सनिचर के दिन होखेवाला वाटर कलर चित्रकला कार्यक्रम वीरगंज के भिष्वा पहाड़ प काल्हू सम्पन्न भईल। वाटर कलर चित्रकला के प्रति आम जनमानस में जागरूकता फईलावे के उद्देश्य से वीरगंज में पछिलका ३ हफ़्ता से हरेक सनिचर के दिन वीरगंज के […]

नेपाल से सटल बिहार के बैरगनिया में ११ बरिस के लईकी के सामूहिक बलात्कार के बाद नृशंस हत्या

आस, वीरगंज, अगहन २७ । नेपाल के रौतहट ज़िला के गौर बोर्डेर से सटल बिहार के सीतामढ़ी ज़िला के बैरगनिया में आठ क्लास में पढ़े वाली ११ साल के एगो लईकी प्रियांशु कुमारी के सामूहिक बलात्कार का बाद नृशंस हत्या कईल गईल बा। केतना विडम्बना बा एक ओरी माता सीता के नगरी नेपाल के जनकपुर […]

भोजपुरी देशभक्ति गीत एल्बम “सुन्दर शान्त नेपाल” के सांगीतिक लोकार्पण (भिडियो सहित )

वीरगंज, आषाढ़ २३। नेपालीय भोजपुरी भाषा, साहित्य, संस्कृति आ समाज के क्षेत्र में काम कर रहल सर्वोत्कृष्ट नाम “नेपाल भोजपुरी समाज”, वीरगंज नेपाल के आयोजन में वीरगंज के आदर्श माध्यमिक विद्यालय “बाल मंदिर” में नेपालीय भोजपुरी में एगो भोजपुरी देशभक्ति गीत एल्बम “सुन्दर शान्त नेपाल” के सांगीतिक लोकार्पण भईल । नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य […]

जनता –मेयर-आमने-सामने कार्यक्रम बगहीमे सम्पन्न, शिक्षा आ स्वास्थ्य पहिलका प्राथमिकता – मेयर सरावगी

बीरगंज, २ जेठ । जनता-मेयर-आमने-सामने कार्यक्रम के तिसरका श्रुंखला मे बुध के दिने महानगरपालिका के वाड न. २८ बगही मे कार्यक्रम कईल गईल । वाड-वाड मे पहुच के जनता से प्रत्यक्ष रूप से मिल के समस्या समझे बुझे खातिर मेयर सरावगी यी कार्यक्रम शुरू कईले बाड़े । बगही स्थिति बर्थिंग सेन्टर मे आयोजित जनता-मेयर-आमने-सामने कार्यक्रमके […]

भारतीय प्रम मोदी के अभिनंदन में भोजपुरी नईखे, काहे ?

वीरगंज, २६ बईशाख // भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र दामोदरदास मोदी बईशाख २८ गते शुक्रवार के दिन नेपाल के जनकपुर आ रहल बानीं। प्रधानमंत्री मोदी के जनकपुर के जानकी मंदिर में पूजा-अर्चना के कार्यक्रम बा । एह मोका प प्रदेश-२ के समूचा जनता के साथे-साथे पूरा नेपाल में हर्षोल्लास व्याप्त बा । प्रधानमंत्री मोदी के अईला से नेपाल-भारत […]

भोजपुरीभाषी खातिर गर्व के बात – नेपालीय भोजपुरी साहित्यकार गोपाल अश्क़ भारत में भईलन सम्मानित

वीरगंज, बईशाख १ भारत के राजधानी दिल्ली में पूर्वांचल एकता मंच द्वारा १०वाँ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के आयोजन कईल गईल। दू दिन तक चलल एह सम्मेलन में नेपालीय भोजपुरी साहित्य के मज़बूत हस्ताक्षर श्री गोपाल अश्क़ के प्रभुनाथ सिंह सम्मान से सम्मानित कईल गईल। दिल्ली के दादा देव मेला ग्राउण्ड में चईत २२ आ २३ […]

“वाहे गुरू जी दा खालसा, वाहे गुरू जी दी फ़तह” उद्घोष के साथ वीरगंज में मनल वैशाखी पर्व (फोटो फीचर)

वीरगंज, ०१ बईशाख । आजू सिख धर्म के महान पर्व वैशाखी बड़ा धूमधाम से वीरगंज के गुरुद्वारा में मनावल गईल। गुरुद्वारा गुरू नानक सत्संग आजू सभी संप्रदाय के लोग के सहभागिता से भरल रहे। गुरू आशीर्वाद आ गुरूकृपा खातिर सैकड़न के संख्या में लोग आजू भईल गुरू सत्संग में उपस्थित रहे। सिख धर्म में वैशाखी के बड़ा […]

नव वर्ष के आगमन पर ‘वातावरण जीउने आधार’ संस्था द्वारा दीप प्रज्ज्वलन

वीरगंज, चईत ३० आजू वीरगंज के माइस्थान चउक पर पुरान वर्ष २०७४ के विदाई आ नव वर्ष २०७५ के आगमन के सुअवसर पर ”वातावरण जीउने आधार (living with environment) संस्था के द्वारा दीप प्रज्जावलित क के खुसहाली मनावल गईल । आपन वीरगंज के रिपोर्टर से बात करत ‘वातावरण जीउने आधार’ के अध्यक्ष कृष्णा कुमार चौरसिया […]

नव वर्ष २०७५ आईल, वीरगंज चहकल, गमकल, जगमगाइल (फोटो फीचर)

वीरगंज, चईत ३० नववर्ष २०७५ के शुभ आगमन के अवसर पर आजू वीरगंज के नवकी दुल्हिन के जईसन सजा दिहल गइल बा । नव वर्ष के पूर्व संध्या पर पूरनका वर्ष के पीछे छोड़त नवका साल के शानदार तूफानी अंदाज मे समूचा वीरगंज फूल आ फुलौना से स्वागत कर रहल बा । बेहतर से बेहतरीन […]

भारतीय प्रधानमंत्री भोजपुरी से कईनीं भाषण के शुरुआत, जतरा से बढ़ीं भोजपुरी के मान

वीरगंज, चईत २९ भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र दामोदरदास मोदी के मोतिहारी जतरा के सन्दर्भ में साहित्यिक चेतना मंच, रक्सौल के बईठक भईल। जवना में भोजपुरी भाषा भारत के संविधान के आठवीं अनूसूचि में शामिल करे खातिर भारतीय PMO के पत्र लिखे के भाषा अधिकार खातिर जन जागरण खड़ीआवे के आ सोशल मीडिया पर एह भाव के […]

इंद्रधनुशी रंगन से रंगाईल बच्चन के दुनिया, भईल स्प्रिंग आर्ट कैम्प के उद्घाटन

वीरगंज, चईत २५ वीरगंज में छोट-छोट बच्चनलोग में चित्रकला आ मूर्तिकला के ज़रिए कला के सभे क्षेत्र प्रति चांक बढ़ावे खातिर आजू से वीरगंज के आदर्श बाल विद्यालय में मुकेश-अज़मत ग्रूप द्वारा “स्प्रिंग आर्ट कैम्प” कार्यक्रम के उद्घाटन भईल। एह कैम्प में वीरगंज के ३ साल से १४ साल के बच्चनलोग सहभागी भईल बा। आदर्श […]

पब्लिक एफ एम के सात दिवसीय “आधारभूत रेडियो पत्रकारिता तालीम” शुरू

वीरगंज, चईत २० आजू वीरगंज के जनता के मज़बूत आवाज़ रेडियो पब्लिक एक एम १०४.४ MHz द्वारा “आधारभूत रेडियो पत्रकारिता तालीम” के सात दिवसीय कार्यक्रम के उद्घाटन नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के भवन में भईल। पब्लिक एक एम के निदेशक आ कोशिश फाउंडेशन, पर्सा के संजोजक मदन गुप्ता के सभापतित्व में दीप प्रज्ज्वलित कके बड़ा […]

बेधड़क, दिलफेंक डान्स से झूमल वीरगंज-“फ़्लैश मॉब” के भईल शुरुआत

वीरगंज, चईत १९ आजू वीरगंज माई स्थान चौक प कुछ लईका-लईकी द्वारा आधुनिक पश्चिमी गीत-संगीत के धुन में क़दमताल करत नाच के प्रदर्शन कईल गईल। संझिया ७:४० मिनट प अचानक कुछ लईका-लईकी पश्चिमी भेष-भूषा में माई स्थान चौक प जमा भईल आ नाच करल शुरू क देहलख लोग। पहिले त ओह लंग के दोकानदार से […]

नेपालीय भोजपुरी साहित्य के वटवृक्ष पंडित दीपनारायण मिश्र आइ सी यू में भर्ती

वीरगंज, चईत १६ नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज नेपाल के संस्थापक-अध्यक्ष आ सम्पूर्ण नेपालीय भोजपुरी भाषा- साहित्य-समाज के वटवृक्ष श्रद्धेय पंडित दीपनारायण जी अस्वस्थ अवस्था में भवानी हॉस्पिटल के ICU में भर्ती बानीं। अचानक बी.पी. बढ़ला से भईल असहजता के कारण उनका लाद-पाद के वीरगंज के लिंक रोड स्थित भवानी हॉस्पिटल में ले जाए के परल। […]