BPL-T20 (वीरगंज प्रिमियर लीग) के बीजेता “वीरगंज स्टार्स”

    304

    वीरगंज, २१ माघ ।

    प्रदेश नम्बर २ मे पहिली बेर आयोजित “वीरगंज प्रिमियर लीग (BPL-T20)” क्रिकेट के बीजेता के उपाधि “वीरगंज स्टार्स” जितले बा । नेपाली राष्ट्रीय टोली के खेलाडी महबूब आलम के कप्तानी मे रहल सिंह ११ लायन्स के ४ विकेट से हरावत वीरगंज स्टार्स बीजेता बनल बा ।

    वीरगंज के नारायणी रंगशाला मे रहल क्रिकेट रंगशाला मे सोमार के दिने भइल फाइनल खेल मे १ सय ४१ रन के चुनौती के वीरगंज स्टार्स १९.५ ओभर मे ६ विकेट देत पूरा कइले रहे । सिंह ११ समूह के देहल १ सय ४१ रन के लक्ष्य विवेक यादव के अर्ध सतक से वीरगंज स्टार्स ७ बल बाकिए रहे तब ले आपन लक्ष्य पूरा क के बीजेता बनल रहे ।

    वीरगंज स्टार्स खातिर ब्याटिंग क के यादव जम्मा ३४ बल मे ७१ रन बनवले रहले । सुरुवाती ६ गो ब्याट्समैन ६८ रन मे आउट भइला के बाद संकट मे परल वीरगंज स्टार्स के सम्हारे खातिर क्रीज़ मे उतरल यादव ६ गो छाक्का आ ५ गो चौका मरले रहले ।

    यादव के जोड़ीदार के रूप मे क्रीज़ प रहल अलियास मंसूरी खेल के अंतिम समय तक यादव के साथ रहले । राष्ट्रीय टोली के सदस्य समेत रहल कप्तान हासिम अंसारी के २० रन के योगदान रहल । बलिंग मे सिंह ११ समूह के राहुल प्रताप सिंह सब से बहुति ३ गो बिकेट लेहले आ कप्तान महबूब आलम, रोवीन कुमार सिंह आ रोहित कुमार सिंह १/१ गो बिकेट लेहले रहे लोग ।

    एकरा से पहिले टस हार के पहिले ब्याटिंग के नेवता पइले सिंह ११ पूरा २० ओभर खेलत ४ विकेट के क्षति मे १ सय ४० रन बनवले रहे । सिंह ११ समुह से हिमान्सू दत सब से बहुति ५४ रन आ अबिनाश अधिकारी ४५ रन बनवले रहे लोग । कप्तान महबूब आलम ६ रन मे आउट भइल रहेल ।

    बलिंग मे वीरगंज स्टार्स के विवेक यादव, भुलावन सहनी, हरीशंकर साह आ साइदुल्लाह अंसारी १/१ विकेट ले ले रहे लोग । वीरगंज स्टार्स बीजेता बनला के साथ ही नगद २ लाख ५० हजार के इनाम भी अपना कब्जा मे कइले बा । उप बीजेता बनल सिंह ११ समूह १ लाख ८० हजार नगद रोपेया इनाम के भागी बनल बा ।

    एह क्रिकेट प्रतियोगिता के म्यान आफ दी सीरीज वीरगंज स्टार्स के विवेक यादव घोषित भइल बाड़े । यादव के नगद २० हजार इनाम मे देहल गइल । प्रतियोगिता के समापन समारोह मे प्रदेश नम्बर २ के सामाजिक विकास मंत्री नवलकिशोर साह बीजेता आ उप बीजेता समूह के शील्ड आ मेडल देहले ।

    यूनाइटेड क्रिकेट क्लब द्वारा आयोजित BPL-T20 क्रिकेट मे राष्ट्रिय आ प्रादेशिक स्तरीय खेलाडी सामील ६ गो समूह के सहभागिता रहल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here