The biggest Bhojpuri digital media of Nepal
Browsing Category

विशेष

स्कुल के लईकी सभन के खातिर सेनेटरी प्याड मशीन

बिमला गुप्ता,सावन ८ वीरगंज के महेश्वरी महिला मण्डलद्धारा पर्सा के महुवन में रहल नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय में सेनेटरी प्याड के मशीन देहल गईल बा । स्कुल में पढरहल छात्रा सभन के खातिर मशीन प्रदान कईल बा । महिनावारी के समय में स्कलु आवेनासकल लईकी सभन के खातिर स्कुल अईला के बाद महिनावारी के समय […]

बिपत के बेरा मानव संगे पशुपंछी सब के भी उद्धार कइल ओतने जरूरी – पशुकल्याण संस्था

वीरगंज, २९ आसार । पशुकल्याण ख़ातिर लागल संस्थासब द्वारा तराई मधेस समेंत देशभर आईल प्रकृतिक बिपति में घायल आ मृतक प्रति ध्यानकर्षण करत मानव संगे पशुपंछी के भी उद्धार कइल जरूरी रहल क़हत प्रेस बिज्ञाप्ति निकल ले बा । पशु कल्याण में बरसो से काम करत आइल संस्था FAWAN (federation of Animal welfare Nepal), मांडवी, […]

दारु के मार मे मधेश के दलित महिला

बिमला गुप्ता, आसाढ २६ पर्सा जिल्ला के अधिकतर गावँसब मे अभि खुलेआम रुप मे अवैद्ध घरेलु दारु के दोकानसब संचालन मे अईलाबाद खास करके दलित समुदाय के महिलासब एहकर प्रत्यक्ष मार मे परल बाडि । रोजाना मजदुरी करके कमाइल रोपेया पैसा मरदलो दारु के सेवन मे हि खर्चा करदेहला बाद घर खर्चा तक चलावेला दिक्दारी […]

वीरगंज नारायणी अस्पताल के डाक्टर सचितानन्द यादव पत्नी हत्या के जुर्म मे पुर्पाक्ष खातिर जेल चालान

बईशाख १०, मंगरवार। अपना पत्नी के हत्या के दोष लागल नारायणी अस्पताल के डाक्टर सचितानन्द यादव आजू जिल्ला अदालत पुर्पाक्ष के खातिर जेल चालान क देहलख । जिल्ला अदालत पर्सा के न्यायधिस चन्द्रकान्त पौडेल के एकल इजलास डाक्टर यादव के पुर्पाक्ष के खातिर जेल चालान करे के आदेश जारी कइलख । अदालत के आदेश मुताबिक […]

गण्डक नहर के संरचना जीर्ण : कउनो भी समय दुर्घटना हो सकता

वीरगंज ०३ फागुन, गण्डक नहर के संरचना पुराना आ जीर्ण भइला से कउनो भी समय भसक सके के सम्भावना रहल बा । करीब ४५ बरीस पहिले बनल गण्डक नहर में रहल पुल, कलभर्ड तथा संरचना के जरुरी मर्मत सम्भार होखे ना सकला से उ संरचना जीर्ण बनत गइल बा । प्रदेश नं २ के पर्सा, […]

बलात्कारी के १० वर्ष जेल सजाय

फागुन १ गते २०७५ वीरगंज: बितल वरिष २०७४ चैत्र मे पर्सा जिल्ला मे ८ वर्षीय बच्ची के भईल रेप घटना के अपराधी मनीभूषण पाण्डे के १० वर्ष जेल सजाय आ पीडित के ५० हजार क्षतिपूर्ति के फैसला भईल ह । माननिय न्यायाधीश कृष्णप्रसाद सुबेदी  के इजलास से बितल हफ्ता माघ २४ गते पर्सा जिल्ला अदलात फैसला […]

मुर्ती बनावेवाला माटी के कमी भइला से सरस्वती माता के मूर्ति बनावे मे समस्या

वीरगंज २५ माघ, नियरात गइल सरस्वती पूजा के खातिर मूर्ति बनावे खातिर माटी के कमी भइला से पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–९ के कालिगड शिवचन्द्र महतो ई बेर सोंचल जइसन व्यापार ना भइला से चिन्ता बढल बा । वितल चार बरीस से मूर्ति बना के गुजारा चलावत आइल महतो मांग बहुते भइला पर भी मूर्ति बनावेवाला […]

का हवे सिमसार दिवस? आ का बा ऐकर महत्व ?

संन्दर्भ- विश्व सिमसार दिवस ईशवर द्धारा ई पृथ्वी प्रकृति जगत मे ईहवाँ रहेवाला प्राणी जीव मात्र के रहे बाँचे खातिर भोजन, आवाश, सुरक्षा लगायत अनेकन माध्यम के ओइनस आवश्यक होखेवाला बस्तुसब के सृजना आ व्यवस्था सहित करत बाँचे जिए के आधार खडा भइल बात सर्व विदिते रहल बा । जउना व्यवस्था मुताविक मानव लगायत के […]

आयो नून के बिक्री मोल ऐकखानी के ना भईला से उपभोक्ता ठगाए प बाध्य

वीरगंज १८ माघ, सरकारी स्वामित्व में रहल साल्टट्रेडिङ कर्पोरेसन लिमिटेड से बेंचेवाला आयोडिनयुक्त नून के बिक्री मे एकरुपता ना अइला से उपभोक्ता ठगाए मे बाध्य भइल बाडन । लिमिटेड के अञ्चल कार्यालय आपन आठ गो डिलर मार्फत उ आयोडिन नून पर्सा जिल्ला मे बिक्री करत आइल बा । उ कार्यालय डिलर के उपभोक्ता मूल्य प्रतिकिलो […]

क्लास कोठा ना भइला से छठघाटे भुईया बोरा बिछा के पढे प विवश बाड़े पकहा-मैनपुर के विद्यार्थी

पोखरिया १७ माघ, स्कूल में क्लास कोठा ना भइला से विद्यार्थीलोग छठघाट पर बइठ के पढे प बाध्य बनल बाड़न । पर्सा जिल्ला के पकहा-मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सबैठवा में रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय प्राथमिक विद्यालय फजतवा के विद्यार्थीसब भुईया बोरा बिछा के पढे प बाध्य बाड़न । स्कूल में ३०१ जने विद्यार्थी रहल […]

ठण्डी के आड़ में रौतहट में बढल तस्करी

अमित ठाकुर।रौतहट। माघ १५ ठंण्डा के मौका ताक के तस्करसब रौतहट जिल्ला में अवैध तस्करी फेर से सुरु होगइल बा । जिल्ला प्रहरी कार्जालय रौतहट आ शस्त्र प्रहरी बल के सिविल प्रहरी नाका में कडाई करेके कहला बाद भी नाका से ठंण्डा के मौका ताक के धमाधम तस्करी होरहल बा । चौकी के ईन्चार्ज आ […]

वीरगंज के एक जनानी १५ दिन से गायब, पुलीस पत्ता लगावे नइखे सकल

वीरगंज ११ माघ, वीरगंज महागरपालिका–१४ बहुअरी मुस्लिम टोल नइहर रहल २० बरीस के सजरा खातुन २५ दिन से वेपत्ता बाडि । छोट बेटी भुलइला के बाद फैजुल रहमान आ रुवैदा खातुन चिन्ता मे बाडन । सजरा भुलइला के बाद पुलीस द्वारा खोजी कर देवे के खातिर निवेदन देहला पर भी अभी तक बेटी ना मिलला […]

पर्सा में हुलाकी सडक के अतिक्रमण ना हटल, समय में काम पुरा होखे में शंका

जिराभवानी, पर्सा । ०६ माघ, पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र में ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ हुलाकी सडक के ३० किलोमिटर ठोरी–चौतारा सडकखण्ड शिल्यानास कइले रहनी । तोकल समय में काम पूरा होखेमें भी विश्वास जनवले रहनी । माकिर निर्माण सुरु भइला एक वरीष बितला पर भी माटी के काम भी पुरा नइखे भइल । […]

का सभी बेमारी के एके गो दवाई सिटामोल ह ? पर्सा के ग्रामीण स्वास्थ्य चौकी के बेहाल स्थिति पर एक…

वीरगंज २६ पुस, सभी बेमारी के एके गो दवाई सिटामोल । सुनला पर विश्वास ना होखी माकिरई सत्य ह । नेपाल के संविधान, २०७२ से हरेक नेपाली नागरिक के आधारभूत स्वास्थ्य सेवा निःशुल्क मिलेके हक सुनिश्चित कइला पर भी पर्सा जिल्ला के दुर्गम गाँव के स्वास्थ्य चौकी मे सिटामोल के अलावा दोसर जरुरी दवाई ना […]

समय से नहर मे पानी ना अइला पर पर्सा, बारा आ रौतहट के हजारन हेक्टर मे बोवल गहुँखेती प्रभावित

वीरगंज २५ पुस, भारतीय पक्ष गण्डक नहर मे देर से पानी छोडला से पर्सा, बारा आ रौतहट जिल्ला मे ई बरीस गहुँखेती प्रभावित होखेके किसानलोग सिकाईत कइले बाडन । भारतीय पक्ष गण्डक नहर मे पुस १० भितर पानी छोडे के भइला पर भी भारतीय पक्ष के नहर के मेन ढलान मे देरी से पानी देहला […]

ठण्डां से लइकन कोल्ड डाइरीया, निमोनीया आ सर्दि से ग्रसित

वीरगंज, पुस २५ जाडा के मौषम मे लैकनसब मे अभी कोल्ड डाइरीया, निमोनीया आ खोकि कफके समस्या सब लउकल बा । अभी के ठण्डां के मौषम मे छोट छोट लैकनसब के देखभाल के कमी, एलर्जि, भाइरस के संक्रमण के कारण बेमारी संगे लडेके क्षमता भी कमजोर भइला से लैकनसब मे अइसनका समस्या भइल बालरोग विशेषज्ञसब […]

देखि स्थानीय कलाकार अली आ महतो के वॉटर कलर चित्रकला के अद्भुत नजारा (फोटो फीचर )

आस, वीरगंज, पूस २३ गते इंटर्नैशनल वाटर कलर, सोसायटी, वीरगंज प्रदेश -२ के द्वारा हरेक सनिचर के दिन होखेवाला वाटर कलर चित्रकला कार्यक्रम वीरगंज के घड़ीअर्वा पोखरी में सम्पन्न भईल। वाटर कलर चित्रकला के प्रति आम जनमानस में जागरूकता फईलावे के उद्देश्य से वीरगंज में पछिलका ४ हफ़्ता से हरेक सनिचर के दिन वीरगंज के […]

भारतीय खुल्ला बोर्डर “मधेश खातिर बरदान कि अभिशाप”

  नेपाल एक अइसन भुगोलिय देश बा जवना के तिन ओर से भारत आ एक ओर से चीन देश के सिमाना घेरले बा । नेपाल के दक्षिणी हिस्सा मे पुर्व मेची से पश्चिम महाकाली तक मधेश भुभाग फैलल बा । ई मधेश भु–भाग भारतीय भुमि से जोडला के कारण से मधेश मे रहेवाला मधेशी के […]

भोजपुरी रत्न : भिखारी ठाकुर के संक्षिप्त परिचय

लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के जन्म 18 दिसम्बर 1887 में बिहार के सारण जिला के कुतुबपुर गांव में भइल रहे । अपना जनम प भिखारी ठाकुर लिखत बानी कि – बारह सौ पंचानवे जहिया , सुदी पूस पंचिमी रहे तहिया । रोज सोमार ठीक दुपहरिया, जन्म भइल ओहि घरिया ॥ अपना जीवन चरित के बारे […]

जयन्ती विशेष : भोजपुरी के अनमोल रत्न, भोजपुरिया शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के नमन

वीरगंज, पुष ४ । भोजपुरी भाषा के शेक्सपियर कहल जाए वाला भिखारी ठाकुर के १३१ वां जन्म जयंती काल्हू १८ दिसम्बर के रहे । भिखारी ठाकुर के बिना भोजपुरी साहित्य अधूरा बा । माटी से जुडल ई भाषा के माटी के पहचान से जोड़े में भिखारी ठाकुर के महत्वपूर्ण योगदान बा। जवना ज़माना में हिंदी […]