The biggest Bhojpuri digital media of Nepal
Browsing Category

स्थानिय

जगरनाथपुर मे जिल्ला स्तरीय रंगशाला निर्माण हो रहल

  वीरगंज, २१ आषाढ़ । पर्सा के जगरनाथपुर गांवपालिका के वाड नम्बर ४ जगरनाथपुर मे जिल्ला स्तरीय रंगशाला निर्माण हो रहल बा । गांवपालिका से संघ सरकार के युवा तथा खेलकूद मंत्रालय के ५० लाख रोपेया के लागत मे रंगशाला निर्माण हो रहल गांवपालिका अध्यक्ष जालिम मिया जानकारी करवले । ५ बिगहा क्षेत्रफल भइल सार्वजनिक […]

सांसद यादव करवले वीरगंज-रक्सौल मितेरी पुल के मरमत, सरकार वेवस्ता कइलख के आरोप

वीरगंज, २० आषाढ़ । प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदीप यादव आपन सेवा सुबिधा के रकम से वीरगंज-रक्सौल के जोड़ेवाला जरजर बनल पुल के मरमत करवले बाड़े । पर्सा क्षेत्र नम्बर १ से निर्वाचित प्रतिनिधिसभा सदस्य यादव सांसद वापत मिलेवाला तलब भत्ता के रकम प्रयोग कर के सीमावर्ती भारतीय शहर रक्सौल के जोड़ेवाला वीरगंज रक्सौल मितेरी पुल […]

गिरजा प्रसाद कोइराला फाउंडेशन स्व. कोइराला के जन्म जयन्ति के अवसर पर बृक्षारोपण

वीरगंज, १९ आषाढ़ । पर्सा गणतन्त्र नेपाल के पहिलका प्रधानमन्त्री एवम नेपाली कांग्रेस पार्टी के पूर्व सभापति स्व. गिरिजा प्रसाद कोइराला के ९६ वा जन्म जयन्ती के अवसर पर आज बृक्षारोपण कईल गईल । फाउंडेशन पर्सा अनेकन प्रजाति के २ सय ४३ गो बृक्ष रोपेले बा जानकारी करवलख । फाउंडेशन आम, लीची, कटहर, नीम समेत […]

भुलाइल भा चोरी भइल मोबाइल पर्सा प्रहरी खोज के मोबाइल धनी के हस्तांत्रण कइलख

वीरगंज, १८ आषाढ़ । वीरगंज महानगरपालिका समेत अनेकन स्थान से अनेकन समय मे भुलाइल आ चोरी भइल मोबाइल वीरगंज प्रहरी मोबाइल धनी के वियफे के हस्तांत्रण कईले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे देहल गइल मोबाइल भुलाइल सम्बन्धी के निवेदन ऊपर अनुसंधान करत खोज तलास कर के अनेकन कम्पनी के १८ गो मोबाइल सम्बन्धी […]

कोरोना संक्रमण से डेढ़ बरिस के बच्चा के मृत्यु

काठमाण्डू, १८ आषाढ़ । कोरोना संक्रामण से डेढ़ महिना के बच्चा के इलाज के क्रम मे मृत्यु भइल बा । त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे घेंट मे समस्या देखला के बाद इलाज खातिर भर्ना भइल उनकर आपरेशन से पहिले परीक्षण कईला पर मंगर के दिने कोरोना संक्रामण के पुष्टि भइल रहे । उ बच्चा के बुध […]

जगरनाथपुर गांवपालिका मे ग्यास लीक हो के भइल आगलागी मे एक के मृत्यु २ जने घायल

पोखरिया, १८ आषाढ़ । पर्सा के जगरनाथपुर गांवपालिका वाड नम्बर २  दसौता मे राति खाना पका रहल अवस्था मे ग्यास सिलिन्डर ली हो के भइल आगलगी मे एक जने के इलाज करत बेरा मृत्यु भइल बा आ २ जने घायल बा लोग । मृत्यु होखे मे ७० साल के सारदा देवी रहल बाड़ी । घायल […]

छिपहरमाई मे फंसरी लगा के लटकल एगो १८ साल के लड़की के लाश मिलल

 वीरगंज, १७ आषाढ़ । पर्सा के छिपहरमाई गांवपालिका मे फंसरी लगा के लटकल अवस्था मे एगो लड़की के मृत शरीर मिलल बा । छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ४ नवका टोला निवासी सम्भू महतो केवट के १८ साल के बेटी के मृत शरीर फंसरी लगा के लटकल अवस्था मे मिलल बा पर्सा प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम […]

नागरिकता संशोधन विधेयक के विरोध मे नागरिक अभियान के वीरगंज मे विरोध प्रदर्शन

वीरगंज, १७ आषाढ़ । नागरिकता विधेयक के विरोध मे नागरिक अभियान बुध के दिने वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बा । वीरगंज के मुख्य शहर  परिक्रमा कर के घण्टाघर मे कोण सभा पूरा कईले रहे । विरोध कार्यक्रम मे सहभागी स्थानीय नेतालोग नागरिकता विधेयक वापिस ना लेहला पर आंदोलन से सृजना होखेवाला अप्रत्यासित अवस्था के पूरा […]

वीरगंज गहवा मे एगो नवयुवक फंसरी लगा के झुलल मृत अवस्था मे मिलले

वीरगंज, १७ आषाढ़ । वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ८ मे करीब १८ साल के एक युवक फंसरी लगा के आत्महत्या कईल अवस्था मे भेंटल बाड़े । वीरगंज के गहवा मे रहत आइल बृजकिशोर साह के छोट बेटा अपने घर मे फंसरी लगा के झुलल अवस्था मे मिलले । घटना के कारण अभी ले पता नईखे […]

वीरगंज के मुख्य सड़क पर सड़क-डिभइडर

वीरगंज, १७ आषाढ़ । वीरगंज के व्यवस्थापन आ ट्राफिक व्यवस्थापन मे सहजता लियावे खातिर आज वीरगंज मे मुख्य सड़क मे बुध के दिने सड़क डिभाईडर राखल गईल । वीरगंज महानगपलिका, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ ट्राफिक प्रहरी के समन्वय मे डिभाईडर राखल गइल । एगो कार्यक्रम के बीच मे नगर प्रमुख विजय कुमार सारावगी यी […]

पर्सा से ९१ हजार भारतीय रोपेया सहित एक जने प्रहरी के हिरासत मे

वीरगंज, १६ आषाढ़ । पर्सा से श्रोत ना खुलल ९१ हजार भारतीय रोपेया सहित एक जने पकडाइल बाड़े ।  पकड़ाए मे पोखरिया नगरपालिका वाड नम्बर २ लमरिया निवासी २८ साल के मनोज यादव रहल बाड़े । सशस्त्र प्रहरी बल बॉर्डर आउट पोष्ट अलौ के सशस्त्र प्रहरी नायब निरीक्षक रामशरण पुड़ासैनी के नेतृत्व के टोली उनका […]

कलेया मुख्य सड़क पर धान रोप के राष्ट्रीय धान दिवस मनावल गईल

कलेया, १५ आषाढ़ । आजू राष्ट्रिय धान दिवस के अवसर पर कलेया के स्थानीय लोग कलेया के मुख्य चउक पर सड़क पर किता काट करत धान रोपले बा लोग । पाँक आ कादो से धानखेती  बनल सड़क के अवस्था प्रति संबन्धित निकाय के ध्यानकर्षण होखे सोच से कलेया के भरत चउक आ घण्टाघर के बीच […]

वाड कार्यालय अनियमितता कईला के विरोध मे ज्ञापन पत्र

वीरगंज, १५ आषाढ़ । वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १२ के युवा लोग वाड कार्यालय ऊपर अनियमितता के आरोप लगावत नगर प्रमुख के ज़रूरियात छानबिन करे खातिर ज्ञापन बुझवले बा लोग । वाड कार्यालय के सेवा आ असंतुष्ट मुर्ली के युवा समाज नगर प्रमुख के ७ बूँदा उल्लेख  ज्ञापन बुझावत आवश्यक कारवाही करे के मांग कईले […]

पकहामैनपुर वाड नम्बर ३ के रास्ता मरमत ना भइला से स्थानीय जनता के समस्या

वीरगंज, १५ आसाढ़ पर्सा के पकहामैनपुर गांवपालिका वाड नम्बर ३ के स्थानीय जनता गावनपालिका आ वाड कार्यालय गाव के विकास मे ध्यान ना दे रहल के ओरहन सुनवले बा लोग । चुनाव जितला के एतना दिन बितला के बाद भी वाड कार्यालय आ गांवपालिका गाव मे आवेजाए वाला मुख्य सड़क तक नईखे बनावे सकले लोग […]

बारा मे भइल मोटरसाइकिल दुर्घटना मे एक जने के मृत्यु

वीरगंज, १४ आषाढ़ । भारतीय नम्बर प्लेट भइल दु गो मोटरसाइकल एक दोसरा से टकरइला से एक जने के मृत्यु भइल बा । बारा के सिमरौनगढ़ नगरपालिका बीआर ०५ एम ७९५९ आ बीआर ०५ के ६१६२ नम्बर के दुगो भारतीय मोटरसाइकिल एक आपस मे ठोकर लागला से एक जने के मृत्यु भइल बा । मृत्यु […]

युवा संघ के रक्तदान कार्यक्रम मे ३ महिला सहित ११३ जने कईले रक्त दान

वीरगंज, १३ आषाढ . मदन भण्डारी के ६१ वा जन्मोत्सव के अवसर पर राष्ट्रीय युवा संघ नेपाल पर्सा द्वारा शनिचर के दिने बृहत रक्तदान कार्यक्रम के आयोजना पूरा भइल । वीरगंज के घण्टाघर के नियरा रहल बीपी उधान पार्क मे भइल कार्यक्रम मे ३ महिला समेत एक सय १३ जने रक्तदान कईले लोग । राष्ट्रीय […]

वीरगंज कारागार के एगो बन्दी के मृत्यु

वीरगंज, ११ आषाढ़ । वीरगंज महानगरपालिका मे रहल वीरगंज कारागार के एक जने बन्दी के मृत्यु भइल बा । वीरगंज महानगरपलिका वाड नम्बर २ निवासी ६३ साल के बसीर आलम के मृत्यु भइल बा । ठगी मुद्दा मे साढ़े ४ महिना पहिले उनका के पुर्पाक्ष खातिर कारागार मे राखल गइल रहे । मधुमेह आ उच्च […]

नेबिसंघ ठा.रा.ब. क्याम्पस इकाई समिती द्वारा वीरगंज महानगरपालिका प्रमुख बिजय सरावगी के ज्ञापनपत्र ।

वीरगंज, ०४ जेठ । नेपाल बिधार्थी संघ ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस इकाई समिति अध्यक्ष मनोज साह के नेतृत्व मे गइल बिधार्थी समूह वीरगंज महानगपलिका के कार्यालय मे पहुच के वीरगंज महानगपलिका प्रमुख बिजय सरावगी के ज्ञापन पत्र देहले बा । ६ गो बूँदा लिखल ज्ञापन पत्र पढ़ के हस्तांत्रण कईल गइल रहे । विश्व भर मे […]

पकाहा मैनपुर मे पोखरा के आँट प बइठल लोग के उपर प्रहरी द्वारा लाठी चार्ज, ९ जने घायल

पकाहा मैनपुर, २३ जेठ । पर्सा के पकाहा मैनपुर गांवपालिका के वाड नम्बर २ मे रहल सार्वजनिक पोखरा के आँट पर बइठल लोग ऊपर प्रहरी लाठी चार्ज कईले बा । लाठी चार्ज से ९ जने घायल भइल बाड़े ।· घायल होखे मे जुगुल सहनी, रामविनेश सहनी, बिजय चौहान, मोहन साह, बिशाल पटेल, बागड़ मिया, बिगु […]