The biggest Bhojpuri digital media of Nepal
Browsing Category

रक्सौल आसपास

वीरगंज छपकईया ईदगाह चौक पोखरा के आँट पर एक आदमी मृत अवस्था मे मिलल

वीरगंज, ३० आसार । वीरगंज के छपकईया ईदगाह चौक के लगे रहल पोखरा के आँट पर  छपकईया एक एक आदमी के लाश मिलल बा । आज दिन के २:०० बजे के समय मे पर्सा जिल्ला वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर २ छपकईया के अंदाजन ३५ साल के कुरबान सामनी तेली मृत अवस्था मे मिलल बाड़े । […]

छिपहरमाई गांवपालिका डुबान मे, सहयोग खातिर भिस्वा चौकी निस्कृय स्थानीय के आरोप (भिडियो सहित)

वीरगंज, २७ आसार । छिपहरमाई गांवपालिका डुबान मे पडल बा । छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ५ भिस्वा के पश्चिम ओर रहल ओरिया नदी आ पुरुब मे रहल सिकटा नदी मे बाढ़ आइल बा आ बाढ़ के पानी अभी भीस्वा गाँव मे घुस चुकल बा । पश्चिम मे रहल ओरिया नदी आ पुरुब मे रहल सिकटा […]

रौतहट मे बाढ़ के कहर, सचेत आ सावधान रहे के निहोरा

वीरगंज, २७ आसार । रौतहट जिल्ला अभी बाढ़ के चपेटा मे परल बा । लालबकैया नदी मे आईल बाढ़ से रौतहट जिल्ला के स्थिति नाजुक आ दैयनीय बनलबा  । लालबकैया नदी मे मोटरसाइकिल सहित गिरला से औरईया निवासी एक जाने के मृत्यु हो गईल बा । गढ़ीमाई नगरपालिका के लक्ष्मीपुर के नियारा रहल बागमती के […]

श्रोत बिना के रोपेया सहित दु जने भारतीय पर्सा प्रहरी के गिरफ्त मे

वीरगंज, १२ आसार । श्रोत बिना के रोपेया सहित दु जने के पर्सा प्रहरी गिरफ्तार कईले बा । विशेष सूचना के आधार पर काल्ह करीबन २:३० बजे दुपहरिया के समय मे वीरगंज के प्रवेश द्वार शंकराचार्य प्रवेश द्वार लगे चेकजांच करत बेरा दुनु जने के प्रहरी गिरफ्तार कईलख । पकड़ाए मध्ये मे भारत बिहार जिल्ला […]

नारायणी रंगशाला पुननिर्माण खातिर विशेष बजेट के मांग कईले सांसद यादव

वीरगंज, २० जेठ । संघीय समाजवादी पार्टी नेपाल के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष आ प्रतिनिधिसभा सदस्य सांसद यादव देश के सब से पुरान रंगशाला के रूप मे रहल नारायणी रंगशाला के पुननिर्माण खातिर विशेष बजेट के मांग कईले बाड़े । बजेट सम्बन्धी बतकही मे संघीय संसद मे बोलत सांसद यादव नारायणी रंगशाला देश के ही पुरान […]

डा. हिमकर के ‘रमबोला’ पर शुल्क सहित के भोजपुरी एकल काव्य पाठ सफलतापूर्वक वीरगंज मे समापन

वीरगंज मे शुल्क सहित के भोजपुरी काव्य पाठ पर एगो  निमन प्रयोग आ सफलतापूर्वक सफल वीरगंज, १८ जेठ । भोजपुरी आ हिन्दी के वरिष्ठ कवि डा. हरीन्द्र हिमकर के वीरगंज मे आजू भोजपुरी मे एकल काव्य पाठ पूरा भइल । वीरगंज के वीरगंज पब्लिक कालेज के सभागृह मे नेपाल भोजपुरी समाज वीरगंज के आयोजना मे […]

तीन दिन ले मौसम मे बदलाव होखे के संभावना : मौसम पूर्वानुमान महाशाखा

काठमाण्डू, १६ जेठ । तीन दिन ले देश भर के मौसम मे फेर बदल होखे के संभावना मौसम बिभाग जानकारी देहले बा । पुरुब मे बनल कम चाप के रेखा आ स्थानीय हावा के प्रभाव के कारण आवेवाला तीन दिन ले वीरगंज सहित देश भर के मौसम मे बदलाव होखेवाला बा । जल तथा मौसम […]

ईद के अवसर पर देश भर सार्वजनिक छुट्टी : सरकारी निर्णय

काठमाण्डू, १६ जेठ । मुस्लिम समुदाय के पवित्र परब इदुल फित्र अर्थात ईद के दिन सार्वजनिक छूटी होई । बियफे के मन्त्रीपरिषद के बैठक के निर्णय सार्वजनिक करत सरकार के प्रवक्ता गोकुल बसकोटा इदुल फित्र के अवसर मे देश भर सार्वजनिक छूटी रही निर्णय भइल जानकारी करवले । जेठ २३ गते मुस्लिम समुदाय के बिशेष […]

विश्वस्तर पर मधेस के पहिचान उजागर करत ‘भिजिट मधेस’ अमेरिका के न्यूयोर्क मे कइलख प्रदर्शन

वीरगंज, १० जेठ अमेरिका से “भिजिट मधेस” न्यूयोर्क, नेपाल डे के अवसर पर भिजिट मधेस नेपाल अभियान अमेरिका के राजधानी न्यूयोर्क मे प्रदर्शन कईले बा । तराई मधेस के २२ ओ जिल्ला के जोड़त पर्यटन परवर्द्धन के खातिर जारी भिजिट मधेस नेपाल अभियान नेपाल डे के अवसर पर न्यूयोर्क मे बैनर सहित रैली निकालल गइल […]

विश्वस्तर पर मधेस के पहिचान बनावे मे लागल “भिजिट मधेस”

वीरगंज, ०८ जेठ । मधेस के पहिचान विश्वस्तर पर डिजिटल प्लेटफार्म पर पहिचान करावे खातिर अभियान स्वरूप अन्तराष्ट्रियस्तर पर “भिजिट मधेस संस्था सक्रिय भइल बा । मधेस के पहिचान विश्वस्तर पर प्रचार प्रसार करे खातिर वेबसाइट आ मोबाइल एप्लिकेशन भी तैयार हो चुकल बा भिजिट मधेस के नेपाल संयोजक ओमप्रकाश सर्राफ जानकारी करवले । मधेस […]

पर्सा मे आत्महत्या करेवाला के संख्या बढ़त, वीरगंज मे फ़सरी लगा के २ जने फेरु कईले आत्महत्या

वीरगंज, ०३ जेठ । काल्ह बियफे के दिने वीरगंज मे २ जने फ़सरी झूल के आत्महत्या कईले बाड़े । पर्सा जिल्ला मे दिन पर दिन आत्महत्या करेवाला के संख्या बढ़ रहल देखल जा रहल बा । वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर २९ मूसैली के शिवपूजन धानुक के बेटा ४० बरिस के रामपुकार महतो धानुक घर से […]

पत्रकार के एक करोड़ तक जरिवाना प्रस्ताव से पीछे हटल प्रदेश २ सरकार

जनकपुरधाम, ०३ जेठ । प्रदेश २ सरकार पत्रकार से ५० लाख से एक करोड़ तक के जरिवाना करेवाला प्रस्ताव से पीछे हट गइल । बियफे के दिने प्रदेश सभा मे दर्ता भइल संचारसम्बन्धी के बिधेयक मे प्रदेश के सार्वभौमसत्ता, भौगोलिक अखंडता आ राष्ट्रियता मे आँच आवेवाला बिषय पर समाचार प्रकासन आ प्रशारण कईला पर ५० […]

रक्सौल के रेल से कटाइल अवस्था में पर्सा के दु गो लड़की के शव मिलल

वीरगंज, माघ २७ सीमावर्ती सहर रक्सौल के रक्सौल-सुगौली रेलवेखंड के कनना ढाला के लगे दु गो लड़की के लास मिलल बा । दुनु लड़की के रेल से कटाइल अवस्था मे लास मिलल आपन वीरगंज के स्थानीय संवाददाता मनोज कुमार गुप्ता जानकारी देहले बाड़न । मृत लड़की में से एक जने के साथ से मिलल परिचय […]

सिकटा बाजार समेत करीब आधा दर्जन गांव में एक सप्ताह तक बिजली ना रही

अमरेश कुमार । सिकटा बाज़ार, चम्पारण (बिहार) । माघ २१ (फ़रवरी ४ ) सिकटा बाजार समेत करीब आधा दर्जन गांव में एक सप्ताह तक बिजली ना रहेवाला बा। सिकटा बाजार के रेलवे स्टेशन के लगे के बिजली केबल टुटल बतावल गइल बा । एकरा चलते पूरा प्रखंड के गांवन में लगभग चौबीस घंटा से बिजली […]

रक्सौल के अस्पताल में एगो नेपाली महिला के पेट से निकालल गइल 6 किलो के ट‍्युमर

मनोज कुमार गुप्ता, रक्सौल । माघ १७ । रक्सौल शहर के एसआरपी मेमोरियल हॉस्पटील में बुध के एगो नेपाली महिला के ऑपरेशन करके उनकर पेट से 6 किलो के ट‍्युमर निकालल गइल । नेपाल के कलैया जिला के विश्वम्भरपुर निवासी अबुन नेशा बतवली की उनकर इलाज कए महिना से चलत रहे । पेट में दरद […]

रक्सौल-वीरगंजवासी ख़ातिर खुसी के खबर, रेल्वे ढाला प बनेवाला ओभर ब्रिज के शिलान्यास भइल, ६ महिना के…

मनोज कुमार गुप्ता, रक्सौल, भारत । माघ १४ (जनवरी २८) वीरगंज-रक्सौल के लाइफ़लाइन भा मुख्य-मार्ग रक्सौल के चिर-परिचित तैतीस नंबर रेलवे ढाला प लाइट ओभर ब्रिज के आज एक कार्यक्रम के बिच शिलान्यास भइल बा । पश्चिम चम्पारण से केंद्रीय सांसद डॉ. संजय जायसवाल सोमार के ढाला प बने वाला ओवरब्रिज के शिलान्यास कईनी। आबकारी थाना […]