The biggest Bhojpuri digital media of Nepal
Browsing Category

समाचार

बारा मे भइल मोटरसाइकिल दुर्घटना मे एक जने के मृत्यु

वीरगंज, १४ आषाढ़ । भारतीय नम्बर प्लेट भइल दु गो मोटरसाइकल एक दोसरा से टकरइला से एक जने के मृत्यु भइल बा । बारा के सिमरौनगढ़ नगरपालिका बीआर ०५ एम ७९५९ आ बीआर ०५ के ६१६२ नम्बर के दुगो भारतीय मोटरसाइकिल एक आपस मे ठोकर लागला से एक जने के मृत्यु भइल बा । मृत्यु […]

नेपाल आइल फतिंगा (सलह किरा) के झुण्ड छोट बा चिन्ता के बात नईखे – कृषि मन्त्रालय

काठमाण्डू, १४ आषाढ़ । भारत मे फतिंगा (सलह किरा ) के बाड्का झुण्ड सक्रिय भइला से ओकरा गतिबिधी पर निगरानी खातिर नेपाल सरकार संयुक्त राष्ट्र संघ आ भारतीय अधिकारीयन से समन्वय करे के बात भइल बा । कृषि मन्त्रालय मे एतवार के दिने विज्ञलोग से बतकही करत कृषि मन्त्री घनश्याम भूसाल यी जानकारी देहले बाड़े […]

युवा संघ के रक्तदान कार्यक्रम मे ३ महिला सहित ११३ जने कईले रक्त दान

वीरगंज, १३ आषाढ . मदन भण्डारी के ६१ वा जन्मोत्सव के अवसर पर राष्ट्रीय युवा संघ नेपाल पर्सा द्वारा शनिचर के दिने बृहत रक्तदान कार्यक्रम के आयोजना पूरा भइल । वीरगंज के घण्टाघर के नियरा रहल बीपी उधान पार्क मे भइल कार्यक्रम मे ३ महिला समेत एक सय १३ जने रक्तदान कईले लोग । राष्ट्रीय […]

सुर्खेत के गांवपालिका नेपाल-भारत सीवान पर काँटेदार तार लगावे खातिर ठोरी के एक लाख दी

वीरगंज, ११ आषाढ़ । सुर्खेत के चौकुने गांवपालिका नेपाल-भारत सिवान पर काँटेदार तार लगावे खातिर पर्सा जिल्ला के ठोरी गांवपालिका के एक लाख आर्थिक सहयोग उपलब्ध करावे के निर्णय कईले बा । गांवपालिका उपाध्यक्ष निर्मला राना बुध के दिने गाँवसभा मे आर्थिक बजेट ०७७/०७८ के खातिर बजेट सार्वजनिक करे के समय नेपाल-भारत  सीवान पर काँटेदार […]

वीरगंज कारागार के एगो बन्दी के मृत्यु

वीरगंज, ११ आषाढ़ । वीरगंज महानगरपालिका मे रहल वीरगंज कारागार के एक जने बन्दी के मृत्यु भइल बा । वीरगंज महानगरपलिका वाड नम्बर २ निवासी ६३ साल के बसीर आलम के मृत्यु भइल बा । ठगी मुद्दा मे साढ़े ४ महिना पहिले उनका के पुर्पाक्ष खातिर कारागार मे राखल गइल रहे । मधुमेह आ उच्च […]

लागूऔषध कारोबार मे सामील रहल आशंका मे इंस्पेक्टर पकडइले

काठमाण्डू, ११ आषाढ़ । लागू औषध कारोबार मे सामील रहल आशंका मे एक जने प्रहरी अधिकृत पकड़ाइल बाड़े । पकड़ाए मे प्रहरी निरीक्षक रुद्र शाही बाड़े । उ ललितपुर प्रहरी परिसर जाउलाखेल मे कार्यरत बाड़े । लागू औषध नियन्त्रण ब्यूरो के एगो अधिकृत उनका के नियन्त्रण मे लेहल गइल के पुष्टि कईले बाड़े । काल्ह […]

सरकार के बिरोध करत धनुषा आ सप्तरी मे प्रधानमन्त्री के पुतला दहन

जनकपुरधाम, ९ आसाढ़ । नेपाली नागरिक से वियाह करेवाला विदेशी महिला के ७ साल के बाद अंगीकृत नागरिकता देवे के प्रावधान के विरोध मे मंगर के दिने भी प्रदेश २ के अनेकन जिल्ला मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुतला दहन करत प्रदर्शन कईल गईल । प्रदेश के अस्थायी राजधानी जनकपुरध्हाम सहित लगभग सारा जिल्लन […]

नेबिसंघ ठा.रा.ब. क्याम्पस इकाई समिती द्वारा वीरगंज महानगरपालिका प्रमुख बिजय सरावगी के ज्ञापनपत्र ।

वीरगंज, ०४ जेठ । नेपाल बिधार्थी संघ ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस इकाई समिति अध्यक्ष मनोज साह के नेतृत्व मे गइल बिधार्थी समूह वीरगंज महानगपलिका के कार्यालय मे पहुच के वीरगंज महानगपलिका प्रमुख बिजय सरावगी के ज्ञापन पत्र देहले बा । ६ गो बूँदा लिखल ज्ञापन पत्र पढ़ के हस्तांत्रण कईल गइल रहे । विश्व भर मे […]

पकाहा मैनपुर मे पोखरा के आँट प बइठल लोग के उपर प्रहरी द्वारा लाठी चार्ज, ९ जने घायल

पकाहा मैनपुर, २३ जेठ । पर्सा के पकाहा मैनपुर गांवपालिका के वाड नम्बर २ मे रहल सार्वजनिक पोखरा के आँट पर बइठल लोग ऊपर प्रहरी लाठी चार्ज कईले बा । लाठी चार्ज से ९ जने घायल भइल बाड़े ।· घायल होखे मे जुगुल सहनी, रामविनेश सहनी, बिजय चौहान, मोहन साह, बिशाल पटेल, बागड़ मिया, बिगु […]

जेठ २५ से छोटहन दूरी के सवारी साधान संचालन करे के प्रस्ताव

काठमाण्डू, २३ जेठ । कोभिड़-१९ सम्बन्धी उच्चस्तरीय समनव्य समिति कोरोना वायरस के १०० से कम सक्रिय केस भइल जिल्लन मे जेठ २५ गते से छोट दूरी के यात्री वाहक सवारी संचालन करे के प्रस्ताव कईले बा । समिति चरणबद्ध रूप से लकडाउन ढीला बनावे के योजना बनवले बा, जहा १०० से कम सक्रिय केस भइल […]

अब अक्सिजन आ भेन्टिलेटर जरुरी पडेवाला के ही अस्पताल मे राखल जाई : मन्त्री ढकाल

काठमाण्डु २१ जेठ । स्वास्थ्य तथा जनसङख्यामन्त्री भानुभक्त ढकाल कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या दु हजार से बेसी पुगला से अब अक्सिजन आ भेन्टिलेटर जरुरी पडेवाला के मात्र अस्पताल मे भर्ना करेके बतवले बानी । अन्तर्राष्ट्रिय बौद्ध संस्था चु जी फाउण्डेशन के पहल मे हेल्थ इन्भ्याइरोन्मेन्ट एण्ड क्लाइमेट एक्सन फाउण्डेशन (हेकाफ ३६०) से आजु उपलब्ध करावल […]

समाजवादी पार्टी द्वारा वीरगंज मे रक्तदान कार्यक्रम

वीरगंज, २१ जेठ । समाजवादी पार्टी एकाइ समिति वाड नम्बर १० के आयोजना मे आजू बुध के दिने रक्तदान कार्यक्रम पूरा भइल बा । लकडाउन के कारण जिल्ला भर रक्तदान कार्यक्रम आयोजना नाभइला से रक्त संचार केन्द्र वीरगंज मे लहू के अभाव के वजह से यी रक्तदान कार्यक्रम के आयोजना कईल गईल जानकारी मिलल बा […]

फेसबुक पर सक्रिय सामाजिक पेज द्वारा राहत सामाग्री वितरण

वीरगंज, २१ जेठ । फेसबुक पर सक्रिय सामाजिक पेज द्वारा गरीब आ असहाय परिवारन के राहत सामाग्री वितरण कईल गईल । कोभिड़-१९ से जूझ रहल देश मे कुछ घरविहीन असहाय आ गरीबन जे वीरगंज क्षेत्र मे रहत आइल बा उ लोग के फेसबुक पर सक्रिय रहल एगो सामाजिक पेज भाइजान ऑफ वीरगंज राहत सामाग्री वितरण […]

माईभाखा भोजपुरी खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के भैरहवा समिति गठन

रुपन्देही, १९ जेठ भोजपुरी माईभाखा खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के तदर्थ समिति भैरहवा मे गठन भइल बा । भोजपुरी साहित्य के संरक्षण, संबर्द्धन एवम प्रोत्साहन खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के १३ सदस्यी तदर्थ समिति भोजपुरी साहित्यकार श्री बिश्वनाथ सिंह पालीवाल के अध्यक्षता मे गठन कईल गईल । भोजपुरी भाषा साहित्य मे लेख, रचना, […]

दया फाउंडेशन आ भी सी एन के आर्थिक सहयोग मे राहत सामाग्री बितरण

वीरगंज, १९ जेठ । पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गांवपालिका वाड नम्बर ५ के शंकर सरैयामे राहत आइल सुकुम्बासी, गरीब असहाय मुसहर (मांझी), चमार आ पासवान ७५ घर परिवार के आज लकडाउन के ७० वा दिन बितला के बाद भी तीन तह के सरकार मे से कवनो भी तह के सरकार के उपस्थिती ना देखल गईल […]

पोखरिया अस्पताल के आइसोलेसन समेत के व्यवस्थापन खातिर प्रदेश सरकार के ३७ लाख आर्थिक सहयोग

वीरगंज, १९ जेठ । पोखरिया नगरपालिका मे रहल पोखरिया अस्पताल मे आइसोलेसन समेत के व्यवस्थापन खातिर प्रदेश सरकार ३७ लाख रोपेया के आर्थिक सहयोग उपलब्ध करवले बा । पर्सा जिल्ला के केन्द्र मे रहल पोखरिया नगरपालिका के पोखरिया अस्पताल मे आइसोलेसन समेत के व्यवस्थापन खातिर आर्थिक सहयोग उपलब्ध करवले बा । प्रदेश २ के सामाजिक […]

पिच्छला २४ घण्टा मे बढ़ल १८९ संक्रमण, संक्रमित के संख्या पहुचल १४०१

वीरगंज, १७ जेठ । स्वस्थ्य मन्त्रालय के हिसाब से बितल २४ घण्टा  मे बढ़ल कोरोना संक्रमित मे से १०९ जने कपिलवस्तु से बा लोग । राष्ट्रीय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु मे भइल परीक्षण मे ७७ जने कोरोना पॉज़िटिव पुष्टि भइल बा लोग । उ लोग १६ साल से ले के ६० साल तक के उमर के […]

बजेट सरकार आ नेकपा के असफलता के दस्तावेज़ : कांग्रेस

काठमाण्डू, १५ जेठ । आर्थिक साल २०७७/७८ के बजेट के नेपाली कांग्रेस सरकार आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के असफलता के रूप मे यी दस्तावेज़ भइल प्रतिकृया देहले बा । नेपाली कांग्रेस के नेता मिनेन्द्र रिज़ाल बियफे के दिने संसद मे प्रस्तुत बजेट मे नया दृष्टिकोण कुछों ना भइल प्रतिकृया देहले बाडे । बजेट सरकार […]

अउरी ४ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज, वीरगन्जको आइसोलेसन मे अब ५ जने इलाजरत

वीरगंज, १५ जेठ । वीरगंज से अउरी चार जने कोरोना संक्रमित ठीक हो के घरे वापस गईल बा लोग । वीरगंज के आइसोलेसन मे रहल ९ जने संक्रमित्त मे से आज ४ जने ठीक हो के वापस गईला के बाद अब संक्रमित संख्या घट के ५ आदमी रह गइल बा ।  बुध के रात मे […]