The biggest Bhojpuri digital media of Nepal
Browsing Category

प्रादेशिक

माईभाखा भोजपुरी खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के भैरहवा समिति गठन

रुपन्देही, १९ जेठ भोजपुरी माईभाखा खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के तदर्थ समिति भैरहवा मे गठन भइल बा । भोजपुरी साहित्य के संरक्षण, संबर्द्धन एवम प्रोत्साहन खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के १३ सदस्यी तदर्थ समिति भोजपुरी साहित्यकार श्री बिश्वनाथ सिंह पालीवाल के अध्यक्षता मे गठन कईल गईल । भोजपुरी भाषा साहित्य मे लेख, रचना, […]

पोखरिया अस्पताल के आइसोलेसन समेत के व्यवस्थापन खातिर प्रदेश सरकार के ३७ लाख आर्थिक सहयोग

वीरगंज, १९ जेठ । पोखरिया नगरपालिका मे रहल पोखरिया अस्पताल मे आइसोलेसन समेत के व्यवस्थापन खातिर प्रदेश सरकार ३७ लाख रोपेया के आर्थिक सहयोग उपलब्ध करवले बा । पर्सा जिल्ला के केन्द्र मे रहल पोखरिया नगरपालिका के पोखरिया अस्पताल मे आइसोलेसन समेत के व्यवस्थापन खातिर आर्थिक सहयोग उपलब्ध करवले बा । प्रदेश २ के सामाजिक […]

एडीबी द्वारा कोभिड-१९ से लड़े खातिर नेपाल के ३० अरब के ऋण स्वीकृत

काठमाण्डू, १३ जेठ । एसियाली विकास बैंक (एडीबी) कोरोना वायरस से लड़े खातिर नेपाल सरकार के २५ करोड़ अमेरिकी डालर (करीब ३० अरब रोपेया) ऋण सहयोग देवे के तैयार भइल बा । एसियाली विकास बैंक मंगर के दिने उ ऋण सहयोग स्वीकृत कइले बा । सार्वजनिक स्वास्थ्य सेवा के सदृढिकरण तथा कोभिड़ – १९ के […]

पर्सा के २९ क्वारेन्टाइन मे १२ सय ६५ जने, ३ हजार के भइल पिसिआर परिक्षण

वीरगंज, १३ जेठ । पर्सा के १४ गो स्थानीय तह के २९ जगह पर क्वारेंटाइन संचालन हो रहल बा जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी देहले बा । वीरगंज महानगरपालिका मे ५ , धोरे गांवपालिका मे ५ , जगरनाथपुर गांवपालिका मे ४, जिरभावानी गाँवपालिका मे २, पर्सागढ़ी नागरपालिका मे २, पटेर्वा सुगौली गांवपालिकामे २, सखुवा परसौनी […]

बारा जिल्ला मे एके दिने बढ़ल २३ गो संक्रमित

वीरगंज, १२ जेठ । बारा जिल्ला मे एके दिने २३ जने मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भइल बा । स्वस्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय सोमार के सबेरे ७२ गो नाया संक्रमण देश भर भइल के सूची सार्वजनिक कईले बा । ७२ मे से २३ जने बारा जिल्ला से रहल बा लोग लिखल बा । किटजन्य रोग […]

बारा मे भी एगो पत्रकार कोरोना संक्रमण के चपेट मे

वीरगंज, ५ जेठ । बारा जिल्लाके एगो पत्रकार कोरोना संक्रमित भइल के पुष्टि भइल बा । सोमारके दिने स्वस्थ्य मन्त्रालयके जारी सूचनामे बारा जिल्लाके एक जने आ रौतहटके ८ जानेमे कोरोना पुष्टि भइलके कहल बा । संक्रमित मे बारा जिल्लाके करईयामाई निवासी एगो पत्रकार रहलके बात खुलल बा । आजके संक्रमित पुष्टि बारा जिल्ला के […]

प्रदेश नम्बर २ के सांसद के मिली अब “ल्यापटप”

जनकपुरधाम, २२ माघ । प्रदेश नम्बर २ के प्रदेश सांसदन के अब ल्यापटप देहल जाइ । प्रदेश सभा के ‘पेपरलेस’ बनावे के उदेश्य से प्रदेश सभा सचिवालय सारा सांसदन के ल्यापटप देवे के निर्णय कइले बा जानकारी मिलल बा । ल्यापटप आगइल बा आ कुछ ही दिन के भीतर सब कोई के बांटा जाइ सभामुख […]

लइका अपहरण काण्ड मे आरोपित २ जने बारा से पकड़इले

बारा, २१ माघ । लइका अपहरण काण्ड मे आरोपित २ जने के बारा प्रहरी पकडले बा । अपहरण मे परल १० साल के लइका के कलेया उपमहानगरपालिका वाड नम्बर २४ श्रीपुर के सड़क से प्रहरी उद्धार कइले बा । प्रहरी द्वारा पकड़ाइल वीरगंज महानगपलिका वाड नम्बर १४ गण्डक बहूअरी के रमेश आ बारा परसौनी गावपालिका […]

पाँच दिन से बेपाता आदमी के लाश मिलल, शक के घेरा मे पाँच जने पकड़इले

रौतहट, २० माघ । बितल ५ दिन से बेपाता भइल एगो युवा के लाश आजू पानी मे छाताइल मिलल । रौतहट इशनाथ नगरपालिका वाड नम्बर ८ मनसरी के २० साल के युवा एतेशामूल हक के लाश मिलल बा । एतेशामूल के लास अकोलवा के अरुवा नदी के पानी मे मिलल । नरकटी मे रहल आपन […]

ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस वीरगंज के पूर्व बिधार्थियन द्वारा १५ साल बाद पुनर्मिलन कार्यक्रम

वीरगंज, ०६ पुष । ठाकुरराम बहूमुखी क्याम्पस वीरगंज के पूर्वबिधार्थियन द्वारा बितल पुष ४ आ ५ गते चितवन के सौरहा मे पुनर्मिलन कार्यक्रम चितवन के सौरहा मे पूरा भईल । “OLDIES MEET SAURAHA-2076” नाम देहल गईल दु दिन के यी कार्यक्रम मे १५ साल पहिले स्नातक अध्यन्न पूरा कईल बिधार्थीयन के सहभागिता रहे । काठमाण्डू, […]

दिल्ली-चितवन चलेवाला सवारी बस से करोड़ो के तस्करी के सामान बरामद

नवलपरासी, २६ अगहन । भारत के राजधानी दिल्ली आ नेपाल के चितवन बीच चलेवाला दिल्ली-चितवन सवारी बस से तस्करी के समान प्रहरी बरामद कईले बा । नवलपरासी जिल्ला के सुनवल नगरपालिका वाड नम्बर १२ भूमही के बेलाहिया सिवान से दिल्ली-चितवन चलेवाला सवारी बस ना ८ ख १२०३ से तस्करी के समान प्रहरी बरामद कईले बा […]

नेपाली नागरिकता लेवे के चक्कर मे भारतीय दामाद आ नेपाली ससुर पकड़ईले

धनुषा, २५ अगहन । नेपाली नागरिकता बनावे आइल दु जने पकड़ाइल बा लोग । पकड़ाएवाला मे धनुषा के धनुषाधाम नगरपालिका वाड नम्बर २ के जितनारायण यदाव आ उनकर दामाद भारत बिहार के मुज्जहफरपुर ग्राम शंकरपुर के सुनील कुमार यादव बाड़े । मंगर के दिने जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा मे झूठा विवरण पेश कर के नागरिकता […]

रौतहट के चन्द्रपुर मे दु गो लाश बरामद  

रौतहट, २५ अगहन । रौतहट के पुरुब-पश्चिम महेन्द्र राजमार्ग से जुडल चन्द्रपुर मे दु गो लाश मिलाला बा । चन्द्रपुर के बाजार मे एक जने आ मूनलाइट बिधालय के आगा एक जने क के दु जने के लाश मिलल प्रहरी जानकारी करावले बा । बाजार क्षेत्र मे मिलल लाश कौनों सवारी साधन के टक्कर से […]

मुस्कान एसिड काण्ड मे दोषी के सजाय खातिर सांसद यादव के दौड़धूप

वीरगंज,  २९ कुवार । एसिड पीड़ित मुस्कान आजू ४० वा दिन आपन पीड़ा के भुलात हंसत नजर अईली । पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के सांसद प्रदीप यादव के दोषी के करवाही खातिर वीरगंज से काठमांडू अस्पताल तक के लागातार मेहनत के वजह से आजू मुस्कान के चेहरा पर मुस्कान आइल सम्भव भईल बा । दोषी […]

समाजवादी महिला संघ प्रदेश न. २ के बरिष्ट उपाध्यक्ष मे पिंकी यादव निर्विरोध निर्वाचित

वीरगंज, २८ कुवार । समाजवादी पार्टी नेपाल निकट समाजवादी महिला संघ प्रदेश नम्बर २ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष महिला नेतृ पिंकी यादव निर्विरोध निर्वाचित भइल बाड़ी । गोपाल सेवा सदन लाहान मे आयोजीत कार्यक्रम मे समाजवादी महिला फोरम आ नया शक्ति महिला संघ के समायोजन हो के महिला नेतृ यादव बरिष्ट उपाध्यक्ष मे निर्विरोध निर्वाचित भइली […]

वीरगंज के मेन रोड चौडीकरण खातिर घण्टाघर मे हस्ताक्षर अभियान

वीरगंज, २६ कुवार । वीरगंज महानगरपालिका के सड़क के चौड़ाई बढ़ावे लाय दबाव देवे खातिर कुछ वीरगंज के युवा लोग आजू वीरगंज के हृदयस्थल घण्टाघर मे हस्ताक्षर अभियान सुरू कईले लोग । मेन रोड के दाया आ बाया २५/२५ मीटर सड़क के जग्गा कायम करे के मांग करत वीरगंज बिकास युवा संघर्ष समिति आजू से […]

शिक्षा क्षेत्र कुछ जनप्रतिनिधियन के कामाए खाए के बर्तन हो गइल बा जेकरा के रोकल जरूरी बा – सांसद यादव

वीरगंज, २६ कुवार । शैक्षिक क्षेत्र स्थानीय निकाय के भीतर अइला के बाद से सरुवा आ बढुवा के नाम पर कुछ जनप्रतिनिधीयन के कमाए के आ खाए के बर्तन बन गईल बा सांसद यादव बतवले । वीरगंज महानगपलिका के वाड नम्बर १५ भेड़ियाही मे आयोजन भइल जनता दर्शन कार्यक्रम मे बोलत अभी शिक्षक लोग पैसा […]

काठमाण्डू मे चिनिया राष्ट्रपति के आगमन

काठमाण्डू, २५ कुवार । नेपाल भ्रमण मे आइल चिनिया राष्ट्रपति सी जिनपिंग हावाई अड्डा मे भइल स्वागत कार्यक्रम के बाद सीधे होटल पहुचल बाड़े । शनिचर के संझिया त्रिभुवन अन्तराष्ट्रिय हावाई अड्डा मे राष्ट्रपति बिध्या देवी भण्डारी स्वागत कईले रहली । ओकरा बाद उनका के नेपाली सेना सम्मान अर्पण कईले रहे । उपराष्ट्रपति, प्रधानमन्त्री, राष्ट्रियसभा […]

कृष्ण बहादुर महरा संसद से निलम्बित

काठमाण्डू, २४ कुवार । यौन दुर्व्यहार के आरोप मे पकड़ाइल तत्कालीन सभामुख कृष्ण बहादुर महरा के सांसद पद निलम्बन मे परल बा । ससंद सचिवालय के महासचिव मनोहर प्रसाद भट्टराई महरा के निलम्बन कईल गईल एकरा बारे मे सूचना प्रकाशित कईले बाड़े । सूचना प्रकाशित संघही महरा के मिलेवाला सरकारी सुबिधा भी रोकल जाई जानकारी […]

ठेकेदार के उपर जनता के निगरानी जरूरी – सांसद प्रदीप यादव

वीरगंज, २३ कुवार । पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव सरकारी बजेट से हो रहल बिकास निर्माण के काम मे जनता के निगरानी जरूरी रहल बा बतवले बाड़े । जनता दर्शन अभियान के भीतर वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १६ शिवम टोला मे आजू स्थानीय लोगन से बतकही करत सांसद यादव ठेकेदार के […]