COVID-१९ के संक्रमितके संतुलित भोजन करावत सानो पाइला

243

वीरगंज, ५ जेठ ।

वीरगंजके आइसोलेसनमे रहल संक्रमित लोग खातिर आजू पहिलका चरणमे सबरेके नास्ताके बाद पोषणयुक्त संतुलित खाना देहल गईल बा ।

संक्रमितके स्वास्थ्यके ध्यानमे राखत उ लोग के रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता के बढ़ावे खातिर पोषणयुक्त नास्ता के साथ साथे पोषणयुक्त संतुलित खाना देहल गईल बा । कंचन झा के अध्यक्षता मे संचालित सामाजिक संस्था सानो पाइला के संचालन प्रमुख जय साह आपन वीरगंज से बात करत कहले, ‘संक्रमित लोग के स्वास्थ्य आ रोग प्रतिरोधात्मक क्षमता बढ़ावे के हिसाब से ही हमनी पोषणयुक्त, स्वास्थ्यवर्द्धक आ संतुलित खाना के व्यवस्थामे जुटल बानी ।

समुदायमे आधारित सामाजिक संस्था सानो पाइला covid-१९ संक्रमण हो के इलाज खातिर नारायणी अस्पताल आ सिद्धार्थ माध्यमिक बिधालयके आइसोलेसनमे रहल संक्रमित लोगके खाना आ नास्ताके व्यवस्थापन शुरू कइले बा । नारायणी अस्पताल आ जिल्ला प्रशासन कार्यालयके प्रत्यक्ष निगरानी आ सहयोगमे सानो पाइला आइसोलेसनमे रहल ९७ जानाके सबेरे आ संझिया दुनु समयके खाना आ नास्ता खिया रहल बा । एकरा खातिर हाइजेनिक बिज्ञ आ व्यावसायिक कुक लोगके समन्वयमे खाना बन रहल बा ।

सानो पाइला विश्व स्वस्थ्य संगठन (WHO) के मान्यता आ मापदण्डके हिसाब से खाद्य सामाग्रीके प्रयोग करत ओहि कार्यबिधीके हिसाब से भोजन बानावल गईल बा । एगो निश्चित स्थानमे भोजन बनाके सुरक्षित तरीका से आइसोलनमे रहल संक्रामीत लोग तक खाना आ नास्ता पाहुचावेके व्यवस्था कईल गईल बा । संस्थाके संस्थापक अध्यक्ष साथ मे कार्यकारी अधिकृत भी रहल कंचन झा देश मे बंदी के शुरुवात्त से ही covid-१९ रोके आ नियन्त्रण मे हो रहल सरकारी प्रयासमे सानो पाइला सहयोगीके रूप मे काम कर रहल बतवले ।

हमनी अस्पताल आ प्रशासन से आइसोलेसनमे रहल संक्रमित लोगके भोजनके समस्या आ रहल बा जानकारी मिलला पर एकर समाधान मे जुटनी, झा कहले हमनी बितल समयमे भी बिपतके समय अभियान चलवले रहनी । अभीके यी अनुभव निश्चय ही जोखिमपूर्ण आ संवेदनशील बा ।

सानो पाइला यी अभियानमे वीरगंजवासीके पूर्ण सहयोग आ साथ रहेके बतवले बा । एकराके वीरगंजवासीके अभियानके रूप मे आगा बढ़ावेके योजना बा । उ लोगके सहयोग से ही यी अभियान कार्यान्वयनमे आइल बा कहले

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here